9 फरवरी के रिलीज होखी ’राम मिलाये जोड़ी’

इंतजार के घड़ी खतम भइल. अब 9 फरवरी से बिहार आ झारखण्ड के सिनेमाघरन में बहुचर्चित भोजपुरी फिलिम ’राम मिलाये जोड़ी’ धूम धड़ाका से रिलीत होखे जा रहल बिया. राम मिलाए जोड़ी से भोजपुरी सिनेमा के एगो नया सिंगर-एक्टर मिले जात बा. गायक से नायक बने के परंपरा बढ़ावत अजय लाल यादव एह फिलिम से दर्शकन का बीचे आवे जात बाड़न.

बिन्द मूवीज एंटरटेनमेंट का बैनर तले बनल एह फिलिम के तकनीकि पक्ष बहुते बरियार बा. भोजपुरी सिनेमा प्रेमी एह फिलिम के अपना परिवार साथे बइठ के देख सकेलें. एकर शूटिंग उत्तर प्रदेश के मिर्जापुर जिला के सीखड़ ब्लॉक, ग्राम मगरहाँ आ अगल बगल का इलाका में कइल गइल बा. फिलिम के वितरण आर डी मोशन पिक्चर्स करत बावे.

’राम मिलाये जोड़ी’ के निर्माता वीरेन्द्र बिन्द, महेन्द्र बिन्द आ राम प्रकाश बिन्द, निर्देशक आ लेखक आफताब अली, पटकथा आ संवाद अनिल विश्वकर्मा के, गीतकार प्यारेलाल यादव कवि, संगीतकार ओम झा, छायांकन डी के शर्मा के, नृत्य निर्देशक संतोष कुमार, मारधाड़ प्रदीप खड़का, आ संकलन अर्जुन भारद्वाज के बा.

मुख्य भूमिका में नवोदित भोजपुरी लोक गायक अजय लाल यादव, अर्चना सिंह, बालेश्वर सिंह, पप्पू यादव, गोपाल राय, राम मिश्रा, संजय वर्मा, दिनेश राय, सुनीता शर्मा, माही सिंह, पूनम वर्मा, प्रिया सरगम, दीपक पंडित, नजर अब्बास, राम विश्वकर्मा, रमेश यादव कवि, राजेश शर्मा, रामचन्द्र शाह, सफी खान, आ रमजान शाह बाड़ेंय


(रामचन्द्र यादव, सर्वेश कश्यप)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up