बहुमुखी प्रतिभा के धनी चुन्नू सिगापुरी उत्तर प्रदेश के देवरिया के हउवें. सिंगापुर में पलल-बढल चुन्नू बीसन भाषा जानेलें. जबे कबो मौका मिलेला त गाँव के रस्मो-रिवाज़ जाने समुझले ला भोजपुरिया माटी का गोदी में आवत रहेलें. एही चलते चुन्नू भोजपुरी समाज के हर परम्परा आत्मसात कइले बाड़ें. सिंगापुर केपूरा पढ़ीं…

Advertisements

भोजपुरिया गायकी के सिरमौर आ भोजपुरी के सुपर स्टार पवन सिंह दू दर्ज़न से अधिका सफल फिलिम दे चुकला का बाद अब आपन नया पारी शुरू कर दिहले बाड़न. फिलिम “राखेला शान भोजपुरिया जवान” से पवन सिंह संगीत निर्देशक के नयी पारी शुरू कर दिहले बाड़ें. एही बारे में उनुकापूरा पढ़ीं…

हिंदी फिफिलिमन के मशहूर सुप्रसिद्ध निर्माता निर्देशक करण जौहर भोजपुरीओ गाना के शौक़ीन हउवें खासकर के ओह गीतन के जवना के रवि किशन पर फिल्मावल गइल होखे. करण जौहर एह बात के खुलासा कइलन कलर्स टीवी के शो “झलक दिखला जा में” जवन पिचला शनिचर आ अतवार के देखावल गइल.पूरा पढ़ीं…

शुक २२ जून से बिहार में रिलीज फिल्म ‘धूम मचईले राजा जी’ से गुंजन पंत आपन धूम मचावे आइल बाड़ी. मोहक मुस्कान आ सौन्दर्य क मूर्ति गुंजन पन्त के अभिनय आ रूप लावण्य के दीवाना सिनेप्रेमी उनुकर फिलिम देखे सिनेमाघर ले खींचाइल चल आवेलें. चुनमुन पंडित निर्देशित फिल्म ‘किसना कईलसपूरा पढ़ीं…

सरल स्वाभाव, मीठ बोली, कड़ा मेहनत आ उम्दा अभिनय कलाकार के सफलता के मंज़िल ले चहुँपाइए देला आ एही कड़ी में शामिल भइल बाड़ें भोला यादव. ऊ कई एक गो फिलिमन में बेहतरीन किरदार में नज़र आवे वाला बाड़न. निर्माता रवि शर्मा अउर निर्देशक जगदीश शर्मा के फिल्म ‘एक बिहारीपूरा पढ़ीं…

मनोज तिवारी जब पहिलका एलबम गवलें “बगल वाली जान मारे ले” त भोजपुरी एलबमन के पूरा बाजार खड़ा हो गइल. मनोज तिवारी के भोजपुरी फिल्म “ससुरा बड़ा पईसावाला” से भोजपुरी सिनेमा हिंदी सिनेमा के समानांतर खड़ा हो गइल आ अब जब मनोज तिवारी पहिला बेर कवनो हिंदी फिल्म में गवलेंपूरा पढ़ीं…

हालही में भोजपुरीओ में प्रकाशित होखे वाली पत्रिका द संडे इंडियन के तरफ से मुद्दा उठावल गइल बा कि भोजपुरी के अल्पसंख्यक भाषा के दरजा दिहल जाव. एह बारे में पत्रिका के प्रबंध संपादक ओंकारेश्वर पाण्डे के कहना बा कि ई माँग भोजपुरी समाज के नया दिशा देबे वाला एगोपूरा पढ़ीं…

के कहेला कि छलनी में पानी भरा ना सके, बरफ जमला ले आस जगवले राखे क होला. कुछ अइसने उदगार कहे वाला सिंगापुर के चुन्नू सिंगापुरी एके साथ पाँच गो भोजपुरी फिलिम बनावे के एलान कइले बाड़न, हालही में एह पाँचो फिलिमन के मुहुर्त मुंबई के m4u स्टूडियो में करावलपूरा पढ़ीं…

हाल ही लखनऊ में ‘बिग मैजिक टी,वी.’ के ‘बिग म्यूजिक अवार्ड 2012’ में ‘बेस्ट सिंगर’ के अवार्ड गायक अजीत निराला के दिहल गइल. जवना गीत खातिर ई अवार्ड उनुका मिलल ऊ रहल ‘युवा म्यूजिक’ के हिट वीडियो अल्बम ‘मोहल्ला में बवाल हो गईल’ के गीत “तू बिहार हिलावऽ त जानी”.पूरा पढ़ीं…

भोजपुरी में एहसाल के सबले चर्चित फिल्म “कजरा मोहब्बत वाला” के संगीत सुनेवालन के दिलो दिमाग छाप लिहले बावे आ बिहार उत्तरप्रदेश के हजारो मोबाइल उपभाक्ता एकर गाना आपन कालर ट्यून बनवले बाड़ें. पी जे फिल्म्स प्रोडक्शन के बैनर तले बनल एह फिल्म के निर्माता निर्देशक हरीश जयसवाल, संगीतकार राकेशपूरा पढ़ीं…

हैदर काजमी के फिल्म ‘कालिया’ के रिलीज का पहिलही से अक्षरा सिंह भोजपुरी फिल्म जगत में गरमागरम लिट्टी बन गइल बाड़ी जेही कालिया के प्रोमो देखत बा उहे तारीफ करे में लाग जात बा अक्षरा सिंह के. ‘सत्यमेव जयते’ में रवि किशन क नायिका बनके अपना कैरियर के शुरुआत करेपूरा पढ़ीं…