– डॉ॰ उमेशजी ओझा नीलम के गोड़ धरती प ना पड़त रहे. खुशी के मारे एने से ओने उछलत कुदत चलत रही. एह घरी के सभ लइकी आ लइका के बड़ी इन्तजार रहेला. नीलमो आखिर उछल कुद काहे ना करस. उनकर बिआह जे ठीक भइल रहे. नीलम के मन मेंपूरा पढ़ीं…

Advertisements

भोजपुरी सिनेमा जगत में ई सबसे शर्म के बात सामने आल बा कि साल के खतम होखे से पहिलहीं साल के सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के अवार्ड दे दिहल गइल बा. आ ई अवार्ड मिलल बा भोजपुरी सिनेमा जगत के सुपरस्टार कहाए वाला अभिनेता रविकिशन के. एह बात के पुष्टि संजय भूषणपूरा पढ़ीं…

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आजुु भाजपा मुख्यालय पर बोलावल दिवाली मिलन समारोह में सगरी मीडिया के संपादकन आ भाजपा के बीट पर तैनात पत्रकारन से मिललन. एगो छोट संबोधन दिहला का बाद पीएम मोदी मंच से उतर के मीडियावालन का बीच गइलन आ सभका से गर्मजोशी से मिललन. सामरोह में आइलपूरा पढ़ीं…

विश्वबैंक आ अंतर्राष्ट्रीय मुद्राकोष पर निर्भरता कम करे का मकसद से आजु एशियन इंफ्रास्ट्रक्चर इन्वेस्टमेंट बैंक के शुरूआत करे ला भारत समेत एशिया के 21 गो देश ओकर संस्थापक सदस्य बन गइले. एह बैंक के आधा पूंजी चीन के रही. बैंक के पहिला अध्यक्ष भारत के होखे के बात कहलपूरा पढ़ीं…

टिकैत त सभे सुनले होई, कुछ लोग टकैतो का बारे में सुनले होखी, बाकिर ई एकदम तय बा कि टकरइत भा टकरैत शायदे केहू सुनले होई. टिकैत का बारे में अधिका लोग इहे जानत होखी कि ई कवनो खास जाति के उपनाम ह. बाकिर असल में ई जाति के उपनामपूरा पढ़ीं…

छपरा, समस्तीपुर, आ पूर्णिया में नया मेडिकल काॅलेज खोले खातिर बिहार सरकार केन्द्र का संगे समझौता पर दस्तखत करी. एह मेडिकल काॅलेजन खातिर तीन चौथाई धन केन्द्र दी आ बाकी एक चौथाई राज्य सरकार. छठ पूजा का दौरान कवनो तरह के हादसा से निपटे ला केन्द्र से राष्ट्रीय आपदा राहतपूरा पढ़ीं…

– जयंती पांडेय रामचेला एगो कागज हाथ में ले ले रहले. ओहमें कुछ लिखल रहे. ऊ कागज के रामचेला बाबा लस्टमानंद के देखवले. बाबा कहले ई सर्वे हऽ एह में लिखल बा कि मेहरारू सब दिन में माने कि 12 घंटा में 5 घंटा खाली बतियावेली सन. रामचेला कहले, बाबापूरा पढ़ीं…

कनाडा के राजधानी ओट्टावा में आजु संसद का नियरा भइल गोलीबारी में एगो सैनिक घवाहिल हो गइल. ओह बेरा कनाडा के प्रधानमंत्री स्टीफन हार्पर संसद में मौजूद रहले. सरदार वल्लभ भाई पटेल के जयंती 31 अक्टूबर के केन्द्र सरकार राष्ट्रीय एकता दिवस का रूप में मनाई. वित्त मंत्री अरूण जेटलीपूरा पढ़ीं…

इंडिया इंटरनेशनल सेंटर में आयोजित भोजपुरी समाज दिल्‍ली के एगो कार्यक्रम में काल्हु 21 अक्टूबर 2014 के समाज के अध्यक्ष अजीत दुबे के लिखल हिन्दी किताब “तलाश भोजपुरी भाषायी अस्मिता की” के विमोचन कइल गइल. एह मौका प स्वाभाविक रूप से भोजपुरी के संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल करावेपूरा पढ़ीं…

महाराष्ट्र में विधान सभा के चुनाव के बाद सरकार बनावे के कवायद में शिवसेना के पुरनिया नेता सुभाष देसाई आ अनिल देसाई आजु मंगल का दिने दिल्ली में महाराष्ट्र के पर्यवेक्षक जे पी नड्डा से भेंट करे खातिर दिल्ली रवाना हो गइले. पटना में बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझीपूरा पढ़ीं…

नई दिल्‍ली में आजु एम्‍स के दीक्षान्‍त समारोह के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी डाक्टर लोगन से कहलन कि ऊ लोग हमेशा याद राखे कि ओह लोग के डाक्टर बनावे में गरीब जनतो के पइसा लागल बा. पीएम अनुसंधान के कमी प चिंता जतवले आ अनुसंधान पर जोर देबे केपूरा पढ़ीं…