मशहूर अभिनेत्री प्रियंका चोपड़ा के आपन फिलिम कंपनी – पर्पल पेबल पिक्चर्स – भोजपुरी फिल्म बनावे जात बिया. एह फिलिम बमबम बोल रहा है काशी के हीरो हीरोइन होखीहें निरहुआ अउर आम्रपाली दूबे. एह फिलिम के लेखक निर्देशक हउवें संतोष मिश्रा. मिस वर्ल्ड रह चुकल प्रियंका चोपड़ा हालीवुडो में कामपूरा पढ़ीं…

Advertisements

पिछला बेर निमन के चरचा भइल रहुवे. चरचा पूरा ना पड़ल काहे कि ओह बात के अउरीओ तरह से देखल जा सकेला. आ आजु ओकरे के दोसरा कोण से देखे के कोशिश करऽतानी. निमन भा नीक के मतलब होला बढ़िया, उत्तम, अच्छा. निमन भा नीक हमेशा कवनो दोसरा तुलना कापूरा पढ़ीं…

भोजपुरी गायक उदित नारायण आ लोक गायिका मालिनी अवस्थी के एह साल के पद्म पुरस्कारन ला चुनल गइल बा. उदित नारायण के पद्मभूषण आ मालिनी अवस्थी के पद्मश्री पुरस्कार दिहल जाई. पद्म पुरस्कार के तीन गो श्रेणी होला – पद्म विभूषण, पद्म भूषण, आ पद्मश्री. पद्म विभूषण के सम्मान देशपूरा पढ़ीं…

– जयशंकर प्रसाद द्विवेदी रूंधल बिया सपनों अब कसमसाहट बा आहट बा चाहे बुझात नइखे या सुझात नइखे का करीं । केहर जाईं कइसे कहीं केसे कहीं ई पीर सहात नइखे तिरियो अब लजात नइखे का करीं । हया के हाय हाय बेहया के ठाँय ठाँय उघरल जाता सउसे देहपूरा पढ़ीं…

गँवई लोक में पलल-बढ़ल अगर तनिको संवेदनशील होई आ हृदय -संबाद के मरम बूझे वाला होई, त अपना लोक के स्वर का आत्मीय हिरऊ -भाव के समझ लेई. आज अपना गँवई काकी का मुँहें एगो जानल-सुनल पुरान गीत सुनत खा हम एगो दोसरे लोक में पहुँच गउंवीं, हमार आँखि भींजिपूरा पढ़ीं…