अभय त्रिपाठी

सबसे बड़ा रुपइया
रिश्ता नाता भूल गइल सब, रुपया अपरमपार,
रुपया अपरमपार, कमाये जब हम गईऽलीं,
धरम करम सब भूल के भइया, बन गइलीं सरकार,
बन गइलीं सरकार, के सबकर भाई कहइलीं,
रुपया के फेरा में, आपन दीन ईमान गवइलीं,
कहै अभय कविराय कि जग के एक ही मइया,
दि होल थिंग इज दैट कि भइया सबसे बड़ा रुपइया.

