Abhay Tripathi
बनारस, उत्तर प्रदेश

- अभय त्रिपाठी
पतई पर परान बा
पतई पर परान बा
सांसत में जान बा
मिथ्या जबान बा
धोका सम्मान बा
दौरी भर शान बा
शिक्षा शैतान बा
टुटहा अरमान बा
नाहक वरदान बा
ढोंगी महान बा
पीडा आसान बा
कौआ लेले कान बा
भेडिया धसान बा
मरयादा शमशान बा
सिर धुनत मान बा
दम तोडत ब्रतमान बा
केहु के न भान बा.