Abhay Tripathi

बनारस, उत्तर प्रदेश

- अभय त्रिपाठी

दशरथ के ललन रऊआ धन बानी

धन बानी धन बानी धन बानी
दशरथ के ललन रउआ धन बानी.

बक्सर जाइके ताडका मरली
रिषी मुनियन के यज्ञ करवलीं
गौतम नारी अहिल्या के तरले बानी
दशरथ के ललन रउआ धन बानी.

जाइ जनकपुर शिव धनुष के तोडली
परशुराम के मान गिरवली
सियाजी के मनसा पुरवले बानी
दशरथ के ललन रउआ धन बानी.


This site has been tested for proper viewing with Internet Explorer6.0, Opera9.2, and Mozilla Firefox at 1280x1024 resolution.