Abhay Tripathi
बनारस, उत्तर प्रदेश

- अभय त्रिपाठी
जिनगी सयान हो गईल
जिनगी सयान हो गईल जीना मोहाल हो गईल.......
रक्षक ही भक्षक बा अब तऽ कहना ईऽ जंजाल हो गईल,
परिवर्तन युग के नारा बा पर हमरा संग बवाल हो गईल।
कहलीं जब जुरमी के लेखा जिनगी एक सवाल हो गईल,
प्रेम प्यार के पाठ पढ़ावल सबसे बड़ा कमाल हो गईल ।।
जिनगी सयान हो गईल....................
आपन स्वारथ मिटावे खातिर अभिनेता किसान हो गईल,
संयासिन के ठाठ के आगे राजा रंक समान हो गईल।
माई बाबू के बदला अब कुकुर घुमावल आसान हो गईल,
भ्रष्टाचार के वैशाखी ले के मेरा भारत महान हो गईल।।
जिनगी सयान हो गईल....................
बाप न मारे मेंढ़की अऊर बेटा तीरंदाज हो गईल,
संस्कारी लोगन के आगे मुजरिम प्रधान समाज हो गईल।
जुरम करत पकड़ाते नेताजी के तबीयत नासाज हो गईल,
देखलवनी जब दुनिया के ऐना सब केहु नाराज हो गईल।।
जिनगी सयान हो गईल....................
जिनगी सयान हो गईल जीना मोहाल हो गईल.......