वैशाख (शुक्लपक्ष) २०६५

Fortnightly Astrological predictions.( ६ मई २००८ मंगलवार से २० मई २००८ मंगलवार तक.)

वैशाख(शुक्लपक्ष) के २०६५ के शुरुआत ६ मई मंगलवार से शुरु होके २० मई २००८ मंगलवार तक रहत बा. ई पक्ष में १४ तारीख के सूर्य महाराज वृष राशि में चल जइहें, ई कारण से पक्ष के शुरुआत में जहाँ कारक ग्रह मंगल सूर्य अउरी गुरु बाड़े वहीं १४ तारीख से शुक्र, बुध अउरी शिन महाराज हो जइहें.

पक्ष में अक्षय तृतीया के स्नान बहुत महत्वपूर्ण बा जे ८ मई के होत बा.. ई पक्ष के पूर्णिमा, बुध पूर्णिमा कहाला जवन कि २० मई के पड़त बा.

पक्ष में पूर्णिमा के दिना शुक्र आपन राशि परिवर्तन करके वृष राशि पर विराजमान हो जइहें.

पक्ष के शुरुआत में कारक ग्रह मंगल, सूर्य अउरी गुरु बनल रहिहैं.. राहु केतू के राशि परिवर्तन से पक्ष पर कालसर्प योग के प्रभाव ना रही.

सिनेमा जगत में अभी कुछ अउरी दिना तक ठाला के स्थिति बनल रही.
शेयर बाजार में खुशी के समय आ रहल बा.
अब जवन भी महँगाई बा ऊऽ बनल बनावल बा.. थोड़ा बहुत जनता के परेशानी के अलावा कुछुओ ना होखी.
राजनीति के हलचल के बारे में जेतना कम कहाए ओतना बढ़िया बा..

ईऽऽ पक्ष में भी तुलसी पत्र से नित्य विष्णू पूजन कइला से अउरी पीपल वृक्ष में जलदान से सभी के विशेष राहत मिली.सामान्तया सबकर स्थिति पिछला पक्ष जइसन बनल रही बस १४ तारीख के बाद से परिवर्तन बा.पक्ष में राहु गुरु के संजोग के कारण पढ़ाई करे वाला लोग के अउरी पढ़ाई से सम्बन्धित लोग खातिर विशेष चिन्ता के स्थिति बनल रही.

मेष

(चू,चे,चो,ला,लू,ले,लो,ला,अ)

पत्नी से अनबन के संकेत बा. १४ तारीख के बाद खर्चा में बढ़ोतरी होखी. पत्नी सुख में गिरावट के संकेत बरकरार बा.. आपन धर खातिर सफलता मिले के संकेत बा. भाई बंधु से झगड़ा मत करी नुकसान बा.

वृष

(ई,उ,ए,ओ,वा,वी,वू,वे,वो)

भाई बन्धु से सहयोग में रुकावट के संकेत बा. बुद्धि, बात के खाये वाला लोग खातिर बढ़िया समय बा. खर्चा में कमी, पराक्रम में वृद्धि होखी.. पत्नी से अनबन के संकेत बा.. सूर्य नमस्कार कइला से लाभ होखी.

मिथुन

(का,की,कू,घ,ड,छ,के,को,हा)

भाई बन्धु से तकरार के संकेत बा. नाहक क्रोध से बचे के काम बा, रक्तचाप के शिकायत हो सकेला सावधान रहीं. १४ तारीख के बाद स्तिथि सामान्य के संकेत बा पर खर्चा बढ़ सकेला.. हनुमान चालीसा पाठ करीं.

कर्क

(हा,हू,हे,हो,डा,डी,डू,डे,डो)

भाई बन्धु से सम्बन्ध में उतार चढ़ाव बा सावधानी से काम लेबे के जरुरत बा. पूरा पक्ष में काला कुकुर के खीर खियाई लाभ होखी, अन्त में साथी से कष्ट हो सकेला. प्रेम विवाह वाला लोग खातिर नीक बा.

सिंह

(मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी,टू,टे)

लगभग पहिले जइसन. पहिले से संतान पक्ष से परेशान रहे वाला लोग खातिर राहत के समय बा.राजनेता, अउर सरकारी काम वाला लोग खातिर परेशानी के समय. नया जमीन लेबे वाला लोग के सफलता मिल सकेला.

कन्या

(टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो)

समय ठीक नइखे सावधान रहीं. दुश्मन लोग डंडा लेके खोजत बा पर १४ तारीख के बाद स्थिति में सुधार बा. संतान के तरफ से खुशी के समाचार के संकेत बा. महा मृत्युन्जय के जाप करावें से लाभ होखी.

तुला

(रा,री,रू,रे,रो,ता,ती,तू,ते)

खर्च बढ़ी स्वास्थ पर ध्यान दीं, १४ तारीख के बाद दुश्मन से परेशानी बढ़े के संकेत बा.. साथी से सहयोग मिली पर शुरु मे साथी सुख में कमी के संकेत बा. दुध दान करीं अउरी माता रानी के ध्यान धरीं लाभ होखी.

वृश्चिक

(तो,ना,नी,नू,ने,नो,या,यी,यू)

पहिले जईसन ही बा, नाहक क्रोध से बचीं, १४ तारीख के बाद थोड़ा ठीक होखी बाकि पारिवारिक अशान्ति हो सकेला. वाहन वाला लोग सावधान रहे, बजरंग बली के आराधना करीं.. सत्यनारायण के कथा सुनी.

धनु

(ये,यो,भा,भी,भू,ध,फ,ढ़,भे)

भाग्य में रुकावट आवे जा रहल बा पिता से मधुर सम्बन्ध में कमी आई. विद्यार्थी लोग खातिर राहत और परेशानी दुनो के समय बा. सावधानी से काम लेबे के जरुरत बा.शोध कराके पुखराज धारण करीं लाभ होखी.

मकर

(भो,जा,जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी)

भाग्य प्रबल बा..पिता से मधुर सम्बन्ध बनी. १४ तारीख के बाद विशेष शुभ बा.. प्रयास से खराब स्थिति में परिवर्तन संभव बा, संतान से कष्ट होखी. शनि के दान करीं अउरी रोज तिल के दीपक जलाईं, लाभ बा.

कुम्भ

(गू,गे,गो,सा,सी,सू,से,सो,दा)

पहिले के स्थिति में कउनो परिवर्तन ना होखी. खर्च बढ़े के संभावना बा पर १४ तारीख मे बाद रास्ता मिलत रही. सरकारी नौकरी वाला लोग के थोड़ा परेशानी आ सकेला.. रोज हनुमान चालीसा के पाठ करीं.

मीन

(दी,दू,थ,झ,ञ,दे,दो,चा,ची)

शेयर बाजार में रौनक बढ़े से शेयर के धंधा करे वाला लोग के स्थिति में सुधार बा.. वकील, दलाल, डाक्टर अउरी विदेश में काम करे वाला लोग खातिर चाँदी रही. १४ तारीख के बाद अउर बढ़िया समय बा.


Click here to join anjoria

Join Anjoria Group.




Your Ad Here