वैशाख(कृष्णपक्ष) २०६५

Fortnightly Astrological predictions.( २१ अप्रैल सोमवार से ५ मई सोमवार २००८ तक)

वैशाख(कृष्णपक्ष) के २०६५ के शुरुआत २१ अप्रैल सोमवार से होके ५ मई सोमवार २००८ तक रहत बा. ई पक्ष में कई ग्रह आपन राशि बदलत बाड़ेसन अउरी शनि महाराज के भी वक्री के स्थिति खतम होत बा. शनि १ मई से मार्गी हो जइहैं. राहु केतु के राशी परवर्तन २८ अप्रैल से होत बा, जहाँ राहु मकर राशि में जाई वहीं केतू कर्क राशि में.

बुध अउरी मंगल के राशि परिवर्तन एकादशी १ मई के होत बा जहाँ बुध वृष राशि पर चल जइहैं वहीं मंगल कर्क राशि पर विराजमान होइहें..ईऽ कारण से जहाँ मिथुन, मकर, कन्या अउरी कुंम्भ राशि वाला लोग के चिन्ता में थोड़ा कमी आई वहीं वृष राशि वाला लोग खातिर विशेष लाभप्रद रही अउरी मेष तथा मीन राशि वाला लोग के खर्चा मे नाहक बढ़ोतरी होखे के संकेत बा..

शुक्र के राशि परिवर्तन पंचमी २५ अप्रैल के होत बा ओही दिना शुक्र मेष राशि पर चल जइहैं जेकरा वजह से धनु, मकर, कुम्भ, मीन अउरी मेष राशी वाला के मौज मस्ती में थोड़ा कमी आई..

पक्ष के शुरुआत में कारक ग्रह मंगल, सूर्य अउरी गुरु बनल रहिहैं.. राहु केतू के राशि परिवर्तन से पक्ष पर कालसर्प योग के प्रभाव ना रही.

सिनेमा जगत में कुछ खास गतिविधि सामान्य रही..
शेयर बाजार में पहिले से सुधार के लक्षण भी बरकरार बा..
महँगाई में लगाम कसाई..
राजनीति में हलचल बनल रही..

पक्ष के विवाह मुहुर्त प्रतिपदा सोमवार तारीख २१ से अष्टमी सोमवार तारीख २८ अप्रैल तक रोज रहत बा, ओकरा बाद से शुक्रास्त के कारण पक्ष में विवाह मुहुर्त नाही बा..

पक्ष में तुलसी पत्र से नित्य विष्णू पूजन कइला से अउरी पीपल वृक्ष में जलदान से सभी के विशेष राहत मिली..

मेष

(चू,चे,चो,ला,लू,ले,लो,ला,अ)

भाई बन्धु से सहयोग ना बनी.. राशि परवर्तन के बाद परिवार (माता-पिता से) सहयोग मिले के संकेत बा बाकी पत्नी सुख में गिरावट के संकेत स्पष्ट बा, आपन धर खातिर सफलता मिले के संकेत बा.

वृष

(ई,उ,ए,ओ,वा,वी,वू,वे,वो)

भाई बन्धु से सहयोग बनी.. बुद्धि अउरी बात के खाये वाला लोग खातिर बढ़िया समय बा.. आमदनी के साथ खर्चा बराबर बनल रही.. सूर्य नमस्कार अउरी सूर्य के जल दिहला से लाभ होखी.

मिथुन

(का,की,कू,घ,ड,छ,के,को,हा)

भाई बन्धु से तकरार के संकेत बा.. नाहक क्रोध से बचे के काम बा.. रक्तचाप के शिकायत हो सकेला सावधान रहीं.. पक्ष के अन्त में स्तिथि सामान्य के संकेत बा पर खर्चा बढ़ सकेला.

कर्क

(हा,हू,हे,हो,डा,डी,डू,डे,डो)

परिवार में खुशी अउरी संतान पक्ष से सहयोग में बाधा आवे के समय बा.. सावधान रहे के काम बा.. पूरा पक्ष में काला कुकुर के खीर खियाई लाभ होखी, पक्ष के अन्त में साथी से कष्ट हो सकेला.

सिंह

(मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी,टू,टे)

लगभग पहिले जइसन..राजनेता, अउर सरकारी काम वाला लोग खातिर परेशानी के समय. दुश्मन पर विजय के समय बा. बाकि राहु केतू के राशि परिवर्तन के बाद नीक समय बा, बढ़िया होखी.

कन्या

(टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो)

समय ठीक नइखे सावधान रहीं. दुश्मन लोग डंडा लेके खोजत बा अनावश्क क्रोध हउर जोश नुकसान करी..जिनकर स्वास्थ खराब बा या दुर्घटना ग्रसित लोग महा मृत्युन्जय के जाप करावें लाभ होखी.

तुला

(रा,री,रू,रे,रो,ता,ती,तू,ते)

खर्च बढ़ी स्वास्थ पर ध्यान दीं, पक्ष के आखिरी में परिवार में शान्ति बने के संकेत बा. साथी से सुख में कमी के संकेत बा.. मोती दान करी अउरी सूरज महाराज के जलदान करीं सब कुशल होखी.

वृश्चिक

(तो,ना,नी,नू,ने,नो,या,यी,यू)

पहिले जईसन ही बा, नाहक क्रोध से बचीं,पर पक्ष के आखिर में थोड़ा ठीक होखी.. पारिवारिक अशान्ति बा लेकिन ठीक हो जाई.. वाहन वाला लोग सावधान रहे, बजरंग बली के आराधना करीं.

धनु

(ये,यो,भा,भी,भू,ध,फ,ढ़,भे)

भाग्य प्रबल बा..पिता से मधुर सम्बन्ध में ही लाभ बा.. शिक्षक अउरी सरकार से जुड़ल लोग लोग खातिर बहुत बढ़िया समय बा.. पक्ष के आखिर विशेष शुभ बा.. पुखराज धारण करीं लाभ होखी.

मकर

(भो,जा,जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी)

शनि के मार्गी होखला के कारण समय बढिया आवत बा.. प्रयास से स्थिति परिवर्तन संभव बा,संतान से कष्ट होखे के संकेत बा. शनि के दान करीं लाभ होखी. पक्ष के आखिर में बढ़िया बा.

कुम्भ

(गू,गे,गो,सा,सी,सू,से,सो,दा)

मार्गी शनि के कारण पहिले के स्थिति में परिवर्तन होखी.. खर्च बढ़े के संभावना बा पर पक्ष के अंत नीक रही. मौज मस्ती वाला लोग के मजा रही पर ध्यान रहे केहु के तकलीफ मत दीं.

मीन

(दी,दू,थ,झ,ञ,दे,दो,चा,ची)

व्यापारी लोग के चाँदी रही लेकिन पहिले जइसन बात ना रही.. आवश्यक कार्य खातिर धन के चिन्ता ना रही, पक्ष के अन्त मे खर्च अउर बढ़े के संभावना बा.. मछली के चारा दीं लाभ होखी.


Click here to join anjoria

Join Anjoria Group.




Your Ad Here