Bhojpuri Film/ Songs/Music

ब्रेकिंग न्यूज देबे का हड़बड़ी में

Kunal Singh suicides.

ब्रेकिंग न्यूज देबे का हड़बड़ीमें कब कतना गड़बड़ी हो जाई ई केहू ना बता सको. बियफे ७ फरवरी २००८ के खबर आइल कि भोजपुरी फिल्म अभिनेता कुणाल सिंह आत्महत्या कर लिहलन. अश्वत्थामा हतो नरो वा कुंजरो वा का तर्ज में समूचा भोजपुरी समाज चिन्तित हो गइल कि भोजपुरि वाला अभिनेता कुणाल सिंह का बारे में ई खबर हऽ. असल में जे सुसाइड कइले बा ऊ तलुगु फिल्मन के अभिनेता रहलन हा. नाम मिलत जुलल होखला का चलते कवनो पत्रकार खबर भेज दिहलन कि ऊ भोजपुरीओ फिलिमन में काम कइले रहलन हा.

भोजपुरी वाला कुणाल सिंह अभिनीत प्रमुख भोजपुरी फिल्म हवे - धरती मइया, गंगा किनारे मोरा गांव, दुल्हा गंगा पार के, हमार भउजी, पिया रखिह सेनुरवा के लाज, बिहारी बाबू, दगाबाज बलमा, हमार दुल्हा, पिया टूटे ना पिरितिया हमार, गंगा-ज्वाला, बेटी उधार के, कसम गंगा जल के, चुटकी भर सेनुर,कब अइहें दुल्हा हमार, छोटकी बहू, हमार बेटवा , बैरी कंगना, घर-अंगना, चल सखी दुल्हा देखे, माई कसम, दुल्हा-दुलहिन, हक के लड़ाई, सात फेरे, साथ हमार- तोहार, पलकन के मेहमान, सुहाग बिंदिया, पिया बिन नाहीं चैन, राम जइसन भईया हमार, गोदना, माई के दुलार, गांव-देस, सजना के अंगना आदि।

भोजपुरी फिलिम वाला कुणाल सिंह सही सलामत बाड़न.

गब्बर सिंह के लहर उठल बा.

Bhojpuri Film Gabbar doing good business in Bihar and U.P. - Posted on 4th Feb. 2008

भोजपुरी में बनावल गब्बर सिह फिलिम सुने में आवत बा कि बिहार आ यूपीमें नीमन बिजनेस कर रहल बा. रविकिशन एह फिलिम में गब्बर बनल बाड़न. असली शोले का गब्बर से भोजपुरिया गब्बर अलगा अन्दाज लेले बा. ऊ सेना से रिटायर भइल का बाद हालात का मजबूरियन का चलते डकैत बनल बा. भोजपुरी गब्बर एकताकपूर के फिलिम हऽ जवना में महेश पाण्डेय आ शोभा भी भागीदार बा लोग. जीतेन्द्र एह फिलिम मे ठाकुर के रोल कइले बाड़न. गब्बर के ठाकुर के हाथ सही सलामत बा.

दीवाना कइलू गोरी

Bhojpuri Song Album of Nagendra Rai released at Patna - Posted on 4th Feb. 2008

लालू प्रसाद के भतीजा नागेन्द्र राय राजनीति से हार थाक के अब भोजपुरी गीत के अलबम निकलले बाड़न. उनकर पहिलका एलबम दीवाना कइलू गोरी, पटना के मौर्या होटल में अनिल सुलभ के हाथ से रिलीज भइल. एकरा पहिले नागेन्द्र राय पटना राजाबाजार का व्यापारियन से रंगदारी वसूले का आरोप में जेलो घूम चुकल बाड़न.

भोजपुरिहा सिनेमा के सुपरस्टार रविकिशन

Ravi Kishan supports Mithun Chakravarty - Posted on 27 Dec. 2007

भोजपुरी फिल्मन के दुनिया में आजु काल्हु एगो बात पर झगड़ा बेमतलब के बढ़ल जा रहल बा. मिथुन चक्रवर्ती आ सुनील शर्मा के बीच के रुपया पइसा के झगड़ा में कूदल लोग बात सझुरावत नइखे अझूरवले जात बा.

भोजपुरी में जतना काम नइखे होत ओह ले अधिका बतकुच्चन हो जात बा, सब केहू एही में लागल बा कि हम कतना बड़ हईं तहरा के हम काहे पूछम? होखे के चाहत रहे कि कुछ लोग बीच बचाव कर के मामिला सलटा दित बाकिर कुछ लोग आगि में घीव डाले के काम कर रहल बा.

भोजपुरिहा सिनेमा के सुपरस्टार रविकिशन एह झगड़ा में एगो पक्ष का समर्थन में उतरि के बात अउरि बढ़ा दिहलन. मुंबई फिल्म फेडरेशन बिहार झारखण्ड में भोजपुरी फिलिमन के शूटिंग के बायकाट करे के फैसला लिहलसि त रविकिशन ओकर समर्थन कर दिहलन. रविकिशन पर भोजपुरी जनता के बिहार यूपी में बाँटे का कोशिश करे के आरोप लगावत बिहार झारखण्ड मोशन पिक्चर्स एसोसिएन के डाँ सुनील कुमार कहले बाड़न कि रविकिशन से अइसनका गद्दारी के उमेद ना रहल हा.

मिथुन चक्रवर्ती बनाम डा॰ सुनील शर्मा

Posted on 8 Dec 2007

भोजीवुड एशोसिएशन के अध्यक्ष आ जानल मानल गीतकार विपिन बहार आल इण्डिया फिल्म इम्प्लाइज फेडरेशन का ओह फैसला पर आपत्ति जतवले बाड़न जवना में बिहार आ झारखण्ड में फिल्मन के शूटिंग के बहिष्कार करे के फैसला लिहल गइल बा. विपिन बहार मिथुन के सलाह दिहले बाड़न कि सुनील शर्मा का साथे मिल बईठ के फैसला कर लेस ना त उनका खिलाफ चरणबद्ध आन्दोलन चलावल जाई.

बिहार झारखण्ड मोशन पिक्चर्स एशोसिएशन आ आल इण्डिया फिल्म इम्प्लाइज फेडरेशन का बीच चल रहल विवाद में बिहार में फिल्म शूटिंग पर प्रतिबन्ध लगवला आ एशोसिएशन के गैर पंजीकृत संस्था कहला का खिलाफ बिजेम्पा कड़ा प्रतिवाद कइले बा. बिजेम्पा के सचिव अमित कुमार सेन का अनुसार मिथुन चक्रवर्ती डा॰ सुनील शर्मा से मिलल साइनिंग अमाउण्ट लवटावत नइखन आ उलटे सुनील शर्मा का खिलाफ बयानबाजी कर रहल बाड़न. बिजेम्पा दू दू हालि मिथुन चक्रवर्ती के आपन पक्ष राखे के मौका दिहलसि बाकिर मिथुन ना अइलन. अन्त में बिजेम्पा उनका खिलाफ कार्रवाई करे के फैसला कइलसि. अब मिथुन चक्रवर्ती बिहार आ झारखण्ड में फिल्म शूटिंग पर रोक लगावल चाहत बाड़न जवना के पूरा ताकत से विरोध कइल जाई.

भोजपुरी सिनेमा में लोगन के अभिरुचि

Posted on 7 Dec 2007

भोजपुरी सिनेमा में लोगन के अभिरुचि बढ़ल जात बा. भोजपुरी सिनेमा में बड़का बड़का अभिनेता, निर्माता, निर्देशक घुसे खातिर तइयार बाड़न भा घुस चुकल बाड़न. गंगा मइया तोहरे पियरि चढ़इबो से जवन सफर शुरु भइल तवन रोज नया मुकाम पर चढ़ल जाति बा. एह कालम में अँजोरिया रउरा के भोजपुरी सिनेमा के गतिविधियन के खबर देबे के कोशिश करी.

बिहार झारखण्ड मोशन पिक्चर्स एसोसिएशन के अध्यक्ष सुनील कुमार शर्मा बियफे का दिन कहलन कि जवना भोजपुरी सिनेमा के शूटिंग बिहार में ना भइल होखी तवना के बिहार में ना चले दिहल जाई. सिनेमा हाल मालिकन के मीटिंग पटना के चाणक्या होटल में भइल जवना में राज्य के उपमुख्य मंत्री सुशील कुमार मोदी मुख्य अतिथि रहन.


सभा में सुशील मोदी का संगे सुनील शर्मा

बैठक में राज्य में सिनेमा उद्योग के बढ़ावे देबे खातिर पड़ोसी राज्यन का तरह रियायत के मंग कइल गइल. सुशील मोदी कहलन कि सरकार टैक्स त आवते कम कर दिहलसि. बाकियो काम धीरे धीरे कर दिहल जाई.

सुनिल शर्मा का बात से नाराज मिथुन चक्रवर्ती का समर्थन में आइल दू गो दोसर संगठन कहले बा कि अब ओह संगठन के सदस्य बिहार झारखण्ड में शूटिंग ना करिहन आ बिहार झारखण्ड मोशन पिक्चर्स एसोसिएशन से कवनो तरह के संबंध ना रखिहन.

मनोज तिवारी कहले बाड़न कि ई सब व्यक्तिगत झगड़ा हऽ आ एकरा चलते बिहार झारखण्ड में शूटिंग पर रोक ना लगावे के चाहीं.