Bhojpuri Film/ Songs/Music
दोस्ती के मिसाल बनलें धरमवीर
श्रीकृष्णा क्रिएशंस के प्रस्तुति भोजपुरी फिलिम धरमवीर अब रिलीज होखे खातिर तइयार बा. जितेश दूबे के बनावल एह फिलिम के निर्देशन असलम शेख कइले बाड़न. ई लोग पहिलहूँ कई गो हिट भोजपुरी फिलिम दे चुकल बा.
धरमवीर दू गो दोस्त, धरम आ वीर, के कहानी हऽ. धरम बहुते गरीब एगो रिक्शा चालक के बेटा हऽ जबकि वीर एगो खानदानी रईस के. संजोग से लइकाईयें से दुनू संगे संगे बढ़लन. दुनू का हैसियत में जमीन आसमान के फरक रहला का बादो ओकनी के दोस्ती के मिसाल सारा इलाका में मशहूर बा. दुनू के मकसद बा कि अपना गाँव, जिला आ देश के विकास खातिर काम करे के. पढ़ल लिखल बेरोजगारन के नौकरी दिलवावे के. धरम समाज सेवा का साथ अपना बापो के काम में हाथ बँटावेला आ कबो कबो जरुरत पड़ला पर रिक्शो चलावेला. वीर के बाप ना चाहसु कि वीर धरम जइसन लड़िका के संघत में रहे से ऊ हमेशा रोकत टोकत रहेले. आजिज आके वीर आपन घर छोड़ देत बा आ धरम का साथे रहे लागत बा.
अब दुनू दोस्त क जोड़ी मिलजुल के रहे लागत बा. वीरो रिक्शा चलावे के सीख लेत बा. संगही संगे दुनू दोस्त गाँव भर के लड़िकन के कम्पटीशन का तइयारी में लगा देत बाड़न आ अपनहूँ आईएएस के तइयारी करे लागत बाड़न. एही बीच में एगो शहरी लड़की श्रद्धा गाँव में आवत बिया आ दुनू दोस्त ओकरे से प्यार करे लागत बाड़न. जब पता लागत बा त दुनू लड़ बइठत बाड़न आ धरम से निबटे खातिर वीर इलाका के बदमाश जगदम्बा से मिल जात बा. ओमे धरम आईएएस बनि जात बा आ गरीबन के सहायता में लागल रहत बा.
अब कहानी में कुछ पेंच आ गइल बा. दुनू दोस्त का फेर एक हो जात बाड़न? श्रद्धा केकर होत बाड़ी? जगदम्बा का करत बा? सब हमहीं कइसे बता दीं? कुछ इन्तजार करीं आ जब रउरा शहर में धरमवीर लागे त जाके देखीं एह सवालन के जवाब.
धरमवीर का मुख्य किरदारन में रविकिशन, अमर उपाध्याय, सादिका रंधावा, सुमन नेगी, बृजेश त्रिपाठी आ किरण कुमार बाड़न. संगीत धनंजय मिश्रा के हऽ आ गीत विनय बिहारी के. दीपक दूबे सह निर्माता हउवन आ सतीश उपाध्याय कार्यकारी निर्माता. नृत्य संयोजन पप्पू खन्ना के बा त मारधाड़ के सीन आरपी यादव सम्हरले बाड़न.

