Bhojpuri Film/ Songs/Music

कल्पना के धूम धड़क्का

फिल्म पारखी उज्जवल के रिपोर्ट

photo of Bhojpuri Singer Kalpnaहिन्दी सिनेमा से भोजपुरी सिनेमा में आवे वाला लोग त ढेरे बा बाकिर भोजपुरी फिलिमन से शुरुआति करिके हिन्दी फिलिमनमें जाए वाला लोग के अंगुरी पर गिनल जा सकेला.

भोजपुरी के मशहूर गायिका कल्पना ओही विरला लोगन में बाड़ी. हिन्दी फिलिम धूम धड़ाका में होली के गाना पर कल्पना के धूम धड़क्का सुने वाली बाति बा. एह गाना में उदित नारायण इ रुप कुमार राठोरो शामिल बाड़न जा. शकील आजमी आ परवीन अक्स के लिखल एह गीत के संगीत से सँवरले बाड़न रूप कुमार राठौर. जब फगुवा के गीत होखे त टोली त लमहर हइये जाई. से एह गाना में गुलशन ग्रोवर, अनुपम खेर आ सतीशो कौशिक के आवाज शामिल बा.

एक हालि सुन के त देखीं!