Bhojpuri Film/ Songs/Music

सिल्वर जुबिली के हैट्रिक

प्रशान्त-निशान्त

photo of Bhojpuri Jubilee Star Nirahua.दिनेश लाल यादव के अइसहीँ जुबिली स्टार ना कहल जाला! निरहुआ के फिलिम में जनता के जवन मनोरंजन होला ऊ दोसरा हीरो लोगन का फिलिम में ना होला. निरहुआ के जादू आजु काल्हु लोगन का माथा पर चढ़ल बा.

दिनेश लाल यादव निरहुआ के फिलिम कहाँ जईबऽ राजा नजरिया लड़ाई के मुंबई का सिनेमा घरन में २५ हप्ता सले के रिकार्ड बनवले बा आ अबहियों चलि रहल बा. केहू के अचरज ना होखी यदि ई फिलिम गोल्डन जुबिली मना लेव!

एकरा पहिलहूँ निरहुआ के दू गो फिलिम सिल्वर जुबिलीमना चुकल बाड़ी सँ. हो गइल बा प्यार ओढ़नियां वाली से आ निरहुआ रिक्शावाला सिल्वर जुबिली मना चुकल बाड़ी सँ आ उहो अबहीं चल रहल बाड़ी सँ.

एह शानदार सफलता से बाकी हीरो लोग का छाती पर साँप लोट त होखो त लोटे, निरहुआ के प्रेमी दर्शकन खातिर त बस आनन्दे आनन्द बा.