Bhojpuri Film/ Songs/Music
लक्ष्मी अईसन दूल्हिन हमार
संयुक्त परिवार का पृष्ठभूमि में पारिवारिक मर्यादा आ परम्परा के फेर से जीवन्त बनावे के कोशिश करे वाली भोजपुरी फिलिम लक्ष्मी अईसन दूल्हिन हमार के शूटिंग पिछला दिनों आरा के लोकेशन्स पर शुरु हो गइल बा. आजु का जमाना का फिल्मन से अलग एह फिलिम के पूरा परिवार एक संगे बईठ के देख सकेला.
जय माँ अम्बे मूवीज का बैनर तले बन रहल एह फिलिम के निर्मात्री पँखुड़ी सिन्हा हई. निर्देशक हउवन जितेन्द्र सुमन आ कहानी शम्भुनाथ मिश्र के लिखल हऽ.
पारिवारिक संस्कृति आ संस्कारन के महत्व दरसावे वाली एह फिलिम के मुख्य किरदार में राकेश पाण्डेय, गौरव घई, स्वीटी छाबड़ा, कल्पना शाह, जय तिलक, कशिश दुग्गल, पंकज शाण्डिल्य, पियुष, आर नरेन्द्र, सुनील बिहारी, मनोज नाथ, रुपा सिंह, पुष्पा वर्मा आ उदय श्रीवास्तव बाड़न,
शम्भुनाथ मिश्रा, सतीश माक्तपुरी. कामाख्या आ कु्क्कू प्रभअस के लिखल गीतन के संगीत से सँवरले बाड़न पप्पू श्रीवास्तव. सुरेश वाडेकर, कविता कृष्णमुर्ति, अलका याज्ञनिक, सुदेश भोसले, मधुश्री, इन्दू सोनाली आ सारेगामा फेम के सुमेधा एह फिलिम के गीतन के आवाज दिहले बा लोग.
फोटोग्राफी अशोक चक्रवर्ती, नृत्य ओमी, साउण्ड मुरारी कृष्ण आ कला सत्यप्रकाश के हऽ. कार्यकारी निर्माता हउवन उदय कुमार अम्बष्ठ.
फिलिम के प्रचारक प्रशान्त निशान्त का मोताबिक अबहीं एक महीना ले आरा में शूटिंग चली.

