Bhojpuri Film/ Songs/Music

क्रान्ति...बलिया १९४२

12 Apr. 2008

Bhojpuri Director Shuja Ali.बलिया में रेवती का लगे झील का किनारे हो रहल भोजपुरी सीरियल 'क्रान्ति...बलिया १९४२' के शूटिंग देखे के मिलल. पहिलका हालि हम कवनो शूटिंग देखे गइल रहीं. एक एक सीन पर निर्देशक के नजर, तनी मनी गलती पर रिटेक पर रिटेक. दर्शकन के भीड़. ब्रिटिश सिपाहियन के घुड़दौड़, बाबू कुँवर सिंह के भाषण वगैरज के शूटिंग काल्हु भइल.

निदेशक शूजा अली से उनका व्यस्तता का बीच बीच में बातो होत रहल जवना में ऊ एह सीरियल के पृष्ठभूमि का बारे में बतलवलन. कहानी त १९४२ में बलिया के आजादी के हऽ बाकिर शुरुआति १९२५ से पहिले से बा. जब एह क्रान्ति के बीज बलिया के बागी धरती पर पड़ल.

लोकेशन का बारे में बतलावत शूजा अली कहलन कि खाली लोकेशन के सुन्दरते ना एतिहासिक पृष्ठभूमियो एह जगह के चुने का पीछे बा. शुजा अली निर्देशित जिन्दगी के रंग नाम के सीरियल प्रज्ञा चैनल पर पहिले से चल रहल बा.

'क्रान्ति...बलिया १९४२' भोजपुरी के टीवी चैनल महुआ खातिर बनावल जा रहल बा. महुआ चैनल मई में शुरु होखे वाला बा जवना पर एह सीरियल के २०० एपिसोड देखावल जाई. देख के इहो लागल कि सीरियल लोकप्रिय होखि काहे कि निर्देशक का लगे जवन विजन बा तवना के ऊ स्क्रीन पर उतारे में पूरा सक्षम लऊकलन.

एह सीरियल के निर्माता सैयद आसिफ जाह, लेखक सुनील अख्तर. आ कैमरा मैन दीपक पाण्डेय बाड़न. बाबू कुंवर सिंह का रोल में तारकेश चौहान बाड़न.