Bhojpuri Film/ Songs/Music
एहू साल स्वीटिए राज करीहें.
भोजपुरी सिनेमा के स्टार अभिनेत्री स्वीटी छाबड़ा पिछलका साल रंगीला बाबू में भोजपुरी फिल्मन के सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ का साथे ठुमका लगावत धमाल मचवली. दर्शकन का दिल पर राज करे वाली स्वीटी छाबड़ा अपना लटका झटका आ दिलकश अदावन से मोहले राखेली. उनकर राज आगहूं चलत रही.
आजु काल्ह उनकर फिलिम सब गोलमाल हऽ धूम मचवले बा. एगो चुम्मा दे दव राजा जी, चंदा, लागल रहऽ ऐ राजा जी, आपन माटी आपन देश आवे वाली बाड़ी स.
कहनाम स्वीटी के कि, लोग एही तरे आपन प्यार दुलार देत रहो त उनकर उत्साह बनल रही आ ऊ आउरी बढ़िया काम करिके देखईहन.

