Bhojpuri Film/ Songs/Music
मकसद बा कि निमने फिलिम करीं. विक्रान्त सिंह.
भोजपुरी फिल्म इण्डस्ट्रीज में आजुकाल्ह एगो नया नाम लोग का जबान पर चढ़ रहल बा, विक्रांत सिंह के. भोजपुरी के त्रिमूर्ति से अलग विक्रान्त सिंह के अभिनय भी शानदार हो रहल बा. हालही में आइल मुन्ना बजरंगी में विक्रान्त सिंह के एक्शन आ एक्टिंग के खूब चरचा हो रहल बा. कुछ दिन पहिले मुन्ना बहरंगी का डबिंग का मौका पर प्रशान्त विक्रान्त सिंह से बतियवलन. ओही बातचीत के इहवाँ पेश कइल जा रहल बा.
विक्रान्त जी, शुरूआत चलीं रउरे से कइल जाव. कुछ अपना बारे में बताईं.
हम एगो अभिनेता हईं जे अबहीं संघर्ष कर रहल बा आ अमना मुकाम तक चहुँपे के कोशिश. मुन्ना बजरंगी से हमरा बहुते उम्मेद बा. काहे कि ई फिलिम केडी बाबू के निर्देशन में बनल बा आ केडीबाबू भोजपुरी फिलिमन के सबले श्रेष्ठ निर्देशक हईं. ऊहाँ का निरहुआ रिक्शावाला के निर्देशन कर चुकल बानीं जवन सिल्वर जुबिली मना चुकल बा. हमरो कुछ फिलिम पहिले आ चुकल बा. जइसे कि रक्षाबंधन, हमार दूल्हनियाँ बड़ा पईसावाली, आ साँच आ चुकल बा. मुन्ना बजरंगी में हमार किरदार नायक के बा.
विक्रान्त जी, मुन्ना बजरंगी के नाम आइल बा त कुछ ओकरो बारे में बताईं.
कहानी त ना बताएम, हँ अपना किरदार का बारे में बता सकीले. एह फिलिम में मुन्ना आ बजरंगी दू गो दोस्त बाड़न. हम बजरंगी का रोल में बानीं आ सुशील सिंह मुन्ना का रोल में. बजरंगी एगो निन युवक हऽ जवन हालात का मजबूरी में हिंसा का राह पर चल निकलत बा आ अपना परिवार आ नजदीकी लोगन का जिनिगी में अशांति फइलावे वाला लोगन के खतम कर देत बा. मुन्ना एह काम में बजरंगी के सहायता करत बा.
का उमेद बा? कब ले मुन्न बजरंगी सिनेमा हालन में देखावल जाई?
अगिला महीना मई का शुरुआत में रिलीज करे के योजना बा. पहिलका हालि भोजपुरी सिनेमा में एक्शन के अधुनातन तकनीक के इस्तेमाल भईल बा. जइसे कि केबल फाईटिंग जवन कवनो भोजपुरी फिलिम में पहिलका हालि देखावल जा रहल बा. एकरा बाद भोजपुरी फिलिम के तकनीकि पक्ष आउरी मजबूती का तरफ बढ़े लागी.
कईसन फिलिम कइल रउरा नीक लागेला?
चाहेनीत इहे कि स्तरीय आ निमन फिलिम में काम करीं. जवना से हमरा दर्शकन के निमन लागो. अइसनका यादगार किरदार होखे कि लोग का जबान पर चढ़ जावो आ हमरा अभिनय के प्रशंसा होखो.
कहल जाला कि सिनेमा में बिना गाडफादर आगे बढ़ल मुश्किल होला. रउरा के के बढ़ावल?
हम जवन कुछ भी बानीं तवना का पाछा सुभाष पासी का सहयोग आ संरक्षण बा. ऊहेंके हमार गाडफादर हईं, आ हम ई आपन खुशकिस्मती मानीले कि हमरा सुभाष पासी नियर संरक्षक मिल गइल.

