Bhojpuri Film/ Songs/Music
भोजपुरी के मान राखेम - पाखी हेगड़े
एह समय पाखी हेगड़े के नाम भोजपुरी हीरोइनन में सबले आगा चलत बा. भोजपुरी फिलिमन में काम करत करत अब ऊ भोजपुरी बोलहूँ लागल बाड़ी. हालही में जब निरहुआ चलल ससुराल के प्रीमियर पर पाखी भोजपुरी दर्शक का सोझा अइली त ओह लोग से भोजपुरिए में बतियावे के कोशिश कइली आ एकर बड़ा बढ़िया प्रभाव दर्शकन पर पड़ल. प्रशान्त उज्जवल से पाखी हेगड़े के बातचीत एहिजा भोजपुरी में दिहल जा रहल बा.
अब तक ले रउरा सात गो फिलिमन में आइल बानीं. का बुझात बा, रउरा के दर्शक लोग सकार लिहले बा ?
लगातार मिल रहल भोजपुरी फिलिमन के प्रस्ताव त इहे कहत बा कि दर्शक हमरा के पस्द कर रहल बाड़न! बैरी पिया, सईयां से सोलह सिंगार, निरहुआ रिक्शावाला, कइसे कहीँ तोहसे प्यार हो गइल, गवनवां ले जा राजा जी, सब गोलमाल हऽ का बाद निरहुआ चलल ससुराल के जवन रिस्पांस मिलल ओहू से इहे लागत बा कि दर्शक लोग हमरा के सकार लिहले बा.
ई प्यार खाली रउरे मिलल कि पूरा फिलिम के?
कवनो फिलिम के सफलता केहू एक आदमी से त होला ना. सभकर मेहनत आ समग्रता से सिनेमा सफल भा असफल होला. बाकिर फिलिम के सफलता में ओह फिलिम के कलाकारन के भी श्रेय मिलेला, से हमरो लागेला कि दर्शक हमरा के पसन्द कर रहल बाड़न.
दक्षिण के हो के भोजपुरी सिनेमा में काहे अइनीं? साउथ के फिलिम काहे ना कइनीं?
कलाकार कवनो खास भाषा भा प्रान्त के ना होलें. उनुका के बंगाली , पंजाबी, चाहे भोजपुरिहा में वर्गीकृत कइल ठीक ना कहाई. भोजपुरी फिलिम हमरा टीवी सीरियल का चलते मिलल, ज्ञान सहाय जी हमरा के टी वी सीरियल में देखनीं त ऊहाँ के लागल कि हमरा चेहरा में भोजपुरी लुक बा. से बैरी पिया में हमरा के ले लिहनीं. आजु हमरा लागत बा कि हमहूं ऊहाँ का उमेद पर खरा साबित भइनीं.
हिन्दी सिनेमा में कवनो प्रस्ताव मिलल कि ना?
आफर त आवते रहेला बाकिर वइसनके प्रस्ताव सकारेम जवना से भोजपुरी के मान बनल रहो आ हमरा प्रशंसकन के लागे कि हमरा कवनो बेहतर काम मिलल बा. निमन प्रोडक्शन हाउस के निमन कहानी में सलीका के किरदार मिले त हम जरुर करेम. इहो होखे क चाहीं कि काम करत में तनाव ना होखे.
कवना भोजपुरी हीरो का साथे राउर जोड़ी जम रहल बा?
निरहुआ आ रविकिशन का साथे काम कर चुकल बानीं. विधाता में त दूनो लोग बा आ हमार किरदार दूनो के साथ बा.
सुने में आ रहल बा कि निरहुआ पर कवनो टीवी सीरियलो बनत बा!
हँ, मिस्टर निरहुआ के नाम से एगो सीरियल बन रहल बा जवना में निरहुआ आ मनोज टाइगर का साथे हमहूँ बानीं. सीरियल में हमार किरदार एगो पत्रकार के बा.
आउरियो कवनो भाषा का फिलिमन में रउरा काम कइले बानीँ?
हीरोइन का भूमिका में त ना, बाकिर अतिथि कलाकार का रुप में तेलुगु आ कन्नड़ के एकहएक गो फिलिमन में बानीं. तेलुगु फिलिम में आदिवासी नृत्य के शूटिंग अबहीं हालहीं में पूरा भइल बा.
चलीं, रउरा सफलता के कामना करत बानीं.
धन्यवाद, प्रशान्त जी!

