Bhojpuri Film/ Songs/Music
लागल रहऽ ऐ राजा जी
भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ के एक्शन फिलिम लागल रहऽ ऐ राजा जी के शूटिंग पूरा हो गइल बा. बेतिया, रक्सौल, मोतिहारी आ नेपाल के अलगा अलगा लोकेशन पर शूटिंग भईल बा.
कुमार माई मूवीज का बैनर तले रामाकान्त प्रसाद निर्मित एह फिलिम के निर्देशन राजकुमार आर पाण्डेय कइले बाड़े जे एकरा पहिलहूँ छैला बाबू, यूपी बिहार बम्बई एक्सप्रेस जइसन हिट फिल्म निर्देशित कर चुकल बाड़न.
लागल रहऽ ऐ राजा जी के मुख्य किरदार में दिनेशलाल यादव निरहुआ, स्वीटी छाबड़ा, विराज भट्ट, रानी चटर्जी, मनोज टाइगर, रेखा थापा, आशा पांडे, गोपाल राय, संजय मनियर, अयाज खान, जस्सी सिंह, पप्पू मिश्रा, ऋचा, सुजीत कुमार आ अवधेश मिश्रा बा लोग.
आजु के सामाजिक परिवेश के देखावत एह फिलिम के गीतकार विनय बिहारी, पप्पू मिश्रा आ संगीतकार असोक कुमार दीप, कथाकार पण्डित आर॰एस॰मिश्रा रमेश मिश्रा, छायाकार प्रमोद पाण्डेय, नृत्य निर्देशिका कानू मुखर्जी, फाईट मास्टर योगेन्द्र श्रेष्ठ आ प्रचारक प्रशान्त निशान्त बाड़न लोग.
सुपर हिट भोजपुरी फिलम् दीदी तोर देवर दीवाना फिल्म के निर्देशन कर चुकल रामाकान्त प्रसाद का अनुसार दर्शक लागल रहऽ ऐ राजा जी के एक्शन, इमोशन, आ कॉमेडी के भरपूड़ आनन्द उठईहन.

