Bhojpuri Film/ Songs/Music

स्टार ना कलाकार हऽ निरहुआ. राजकुमार पाण्डेय

स्रोतः प्रशान्त निशान्त, पटना

Rajkumar R Pandey - Bhojpuri Fim Director भोजपुरी सिनेमा के एह दौर में कई गो कुशल निर्देशक भोजपुरी में उभरल बाड़न आ ओही में से एगो चमकत नाम बा राजकुमार आर॰ पाण्डेय के.भोजपुरी का अलावा पाण्डेय जी हिन्दी फिल्म के भी निर्देशित कर चुकल बाड़न. उनुकर भोजपुरी फिल्मन में कहिया डोली ले के अईबऽ, कंगना खनके पिया के अँगना, छैला बाबू, यूपी बिहार मुम्बई एक्सप्रेस प्रदर्शित हो चुकल बाड़ीस जबकि नाग नागिन आ लाल रहऽ राजा जी अबहीं निर्माण का दौर से गुजर रहल बाड़ी स. प्रशान्त आ राजकुमार पाण्डेय के बातचीत ईहवाँ भोजपुरी में दिहल जा रहल बा.

सबले पहिले कुछ अपना बारे में ?

हम उत्तरप्रदेश के गोड्डा के हईं. मिडिल क्लास फेमिली मे जनमली. लड़िकाईयें से नाटक सिनेमा में रुचि रहुवे आ निर्देशन करे के सपना, से मुम्बई आ गइनीं आ कई गो मशहूर निर्देशकन का सहायक का रुप में काम करिके निर्देशन के बारीकि समझली. अब दर्शकन के प्यार के बदौलत एह जगहा पर बानीं.

रउरा भोजपुरी सिनेमाके कइ गो नया चेहरा दिहले बानीं, एह बारे में राउर का कहनाम बा?

हँ, ई साँच बाति बा कि हम भोजपुरी सिनेमा में कई कलाकारन के मौका दिहनीं. ओह में से गौरव घई, अयूब खान, विनय आनन्द जइसन नाम आज सफल बा. असल मे हम स्टार फैक्टर के परवाह ना करीं. हमार मान्यता बा कि भोजपुरी सिनेमा के जान ओकर गीत संगीत आ कहानी होला. सफल होखे खातिर बस अभिनेता केजरुरत होला, स्टार के ना.

भोजपुरी सिनेमा में नाग नागिन के कान्सेप्ट पर पहिलका हालि रउरे काम कइल बानीं.. ई जोखिम काहे उठऽवनी?

एकरा के जोखिम काहे कहत बानीं? ई विषय त पहिलहूं परदा पर आजमावल जा चुकल बा आ दर्शकन के पसंद आइल बा. हँ मानत बानीं कि कवनो भोजपुरी फिलिम में पहिलका हालि नाग नागिन के रोमांचक कारनामा देखे के मिली. धरमा रमानी के प्रस्तुति फिल्म नाग नागिन में मुख्य भूमिका में कृष्णा अभिषेक, कशमीरा शाह, ब्रजेश त्रिपाठी, आ संजय मनियर बाड़े. गाना विनय बिहारी के आ संगीत धनंजय मिश्रा के बा.

कुछ लागल रहऽ ऐ राजा जी का बारे में बताईं.

रामाकांत प्रसाद के एह निर्माण के कहानी एगो साँच घटना पर आधारित बाटे. मुख्य भूमिका में दिनेश लाल यादव निरहुआ, रानी चटर्जी, स्वीटी छाबड़ा, मनोज टाइगर का साथे नेपाली कलाकार विराज भट्ट आ रेखा थापा बा लोग.

एहमे त रउरा पहिलका हालि कवनो स्टार का साथ काम कर रहल बानीं?

ना!. आपन सवाल सुधार लीं. दिनेश लाल यादव निरहुआ स्टार ना कलाकार हवें. उनका में कलाकार के साफगोई बा, स्टारन वाला नाज नखरा ना! ऊ हमेशा निर्माता निर्देशक के बात समुझ के कुशल कलाकार के रुप में काम करेलें