Bhojpuri Film/ Songs/Music

भोजपुरी सिनेमा में लोगन के अभिरुचि बढ़ल जात बा. भोजपुरी सिनेमा में बड़का बड़का अभिनेता, निर्माता, निर्देशक घुसे खातिर तइयार बाड़न भा घुस चुकल बाड़न. गंगा मइया तोहरे पियरि चढ़इबो से जवन सफर शुरु भइल तवन रोज नया मुकाम पर चढ़ल जाति बा.

एह कालम में अँजोरिया रउरा के भोजपुरी सिनेमा के गतिविधियन के खबर देबे के कोशिश करी.

भोजपुरी सिल्वर जुबली स्टार

Presented by Harish Kumar. Courtsey: BhojpuriSansarPatrika

भोजपुरी सिल्वर जुबली स्टार का रुप में निरहुआ आपन धाक जमा लिहलन. उनकर तीन गो फिलिम सिल्वर जुबली मना के चलि रहल बाड़ी स आ गोल्डन जुबलिओ मना ल स त अचरज ना होखी. दिनेशलाल यादव, जेकरा के सगरी दुनिया निरहुआ क नाम से जानेला, के फिल्म श्रीमान ड्रायवर बाबू के बेस्ट भोजपुरी फिल्म के अवार्ड अबहीं कुछ ही दिन पहिले दिहल गइल बा.

कहाँ जइबे राजा नजरिया लड़ाई के फिलिम के निर्माता सुनील बूबना के कहनाम बा कि रविकिशन के लेके बनावल सुहागन बनाई दे सजना हमार ऊ सफलता ना दिवा सकल जवन सफलता निरहुआ के फिलिम दिअवलसि. फिल्मके सफलता के श्रेय ऊ दिनेशलाल निरहुआ के दिहलन.

एह फिलिम का साथे साथ जवन दू गो आउरी फिलिम सिल्वर जुबलीमना चुकल बाड़ी स ओकनी के नाम हऽ हो गइल बा प्यार ओढ़निया वाली से, आ निरहुआ रिक्शावाला.

सईंया चितचोर

As on 20 Feb 2008

भोजपुरी सिनेमा के तुलनात्मक परिदृश्य पर पटना में पिछला सोमार के दू दिन के सेमिनार शुरू भइल जवन मंगल के समाप्त भइल. एह परिचर्चा में भोजपुरी सिनेमा के कई पहलू पर विचार कइल गइल.

भोजपुरी फिल्म रोज नया मैदान जीतले जा रहल बाड़ीस. अब गुजरात के हीरो चन्दन राठौड़ आ सूरीनाम के हीरोइन फरेशा जुमनबक्स के लेके सईंया चितचोर बनावल जा रहल बा. कहल जा रहल बा कि ई पहिला फिलिम होखी जवन हिन्दुस्तान का पहिले सूरीनाम आ हालैण्ड में देखावल जाई!फिलिम के कहानी केशव राठौड़ लिखले बाड़न. पहिले एहमें मनोज तोवारी के लेबे के इरादा रहुवे बाकिर मनोज तिवारी का ना मिलला का बाद चन्दन के लिहल गइल. फिलिम के कहानी पुनर्जन्म के हऽ.

सिल्वर बियर एवार्ड से सम्मानित भइल भोजपुरी फिल्म.

As on 15 Feb 2008

बर्लिन में चल रहल फिल्म महोत्सव में शामिल कइल गइल भोजपुरी डाकुमेन्टरी फिल्म ऊधेड़ बुन के मंगल का दिने सिल्वर बियर एवार्ड खातिर चुन लिहल गइल.

मूल से बंगाली, बाकिर परिवार के गाजीपुर प्रवास में जनमल सिद्धार्थ सिन्हा के बनावल एह भोजपुरी फिल्म के कई गो अनाम सम्मान भी मिल गइल. ई अब पहिलका हालि कवनो महोत्सव में शामिल होखे वाली पहिलका भोजपुरी फिल्म हो गइल. एह महोत्सव में भारत से इहे एगो फिल्म चुनाइल रहुवे. बहुते बहुत बधाई सिद्धार्थ जी!

उधेड़ बुन एक नवछेड़िया लड़िका के जवान बने के कहानी बा. बेमार महतारी आ बिआहल प्रेमिका का बीच फँसल युवक अपना उधेड़ बुन के फैसला नइखे करि पावत. महतारी गाँव पर बेमार पड़ल बाड़ी आ प्रेमिका शहर में अपना मरद के इन्तजार में बाड़ी. संजोग कुछ अइसन बनत बा कि जब ओकरा जरुरत पड़ऽ ता त दुनू में से केहू ओकरा नइखे मिलत!

आगे पढ़ीं.

भोजपुरी फिलिम विधाता

From the shooting of Bhojpuri Film Vidhaataa.

भोजपुरी फिलिम विधाता के शूटिंग से एगो भावपूर्ण सीन.

प्रदीप सिंह के भोजपुरी फिलिम विधाता के शूटिंग हालही में लखनऊ में पूरा भइल. भोजपुरी के ई अब तकले के सबले महँग फिलिम कहल जात बा. मल्टी स्टार कास्ट वाली एह फिलिम में रवि किशन का संगे दिनेश लाल यादव निरहुआ, पंकज केसरी, पाखी हेगडे, अनारा गुप्ता, पूनम सागर, ब्रजेश त्रिपाठी आ गोपाल राय मुख्य भूमिकन में बा लोग.

मई में रिलीज होखे वाली विधाता के निर्देशन हैरी फर्नाण्डिज आ संगीत निर्देशक गुणवत सेन आ लाल सिन्हा बा लोग.

चित्र आ समाचार फिल्म समालोचक मनोज श्रीवास्तव का सौजन्य से.