Bhojpuri Film/ Songs/Music
भोजपुरी फिलिम में चुम्मा के सीन
हँ. अब तक ले नामे में सुने के मिलत रहल हऽ अब परदा पर देखहूँ के मिली. उहो मनोज तिवारी मृदुल आ नगमा के दृश्य. दुनू भोजपुरी सिनेमा के स्टार कलाकार. तय बा कि सीन के जरुरत ओहू लोग के बुझाइल होखी. कहानी के माँग होखी.
'बा बरसात के मौसम, कुछ कहे पवन पुरवाई' का बोल पर फिल्मावल एह रोमांटिक गीत के फिल्मावे खातिर अस्सी हजार लीटर पानी खरच भइल रहे. देखे में नीक लागसु एह खातिर नगमा आपन वजन १८ किलो घटा दिहले रहली.
रॉबर्ट डिमेलो के फिलिम 'ठेला नं ५०१' में ई दृश्य डालल गइल बा.पीटर परेरा प्रोडक्शन के एह फिलिम के निर्देशन अनिरुद्ध तिवारी कइले बाड़े. गाना विनय बिहारी के लिखल हऽ आ संगीत के धुन धनंजय निश्रा के हऽ.
'ठेला नं ५०१' के मुख्य किरदार में मनोज तिवारी, नगमा का अलावे मशहूर कामेडियन जानी लीवर आ सदाशिव अमरपुरकर बाड़े.
प्रचार के जिम्मा मिलल बा प्रशान्त निशान्त के.

