Bhojpuri Film/ Songs/Music
रविकिशन सुदेश बेरी फौजी का किरदार में
कई गो हिन्दी फिल्मन में मजगर किरदार निभा चुकल अभिनेता सुदेश बेरी आ भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार रवि किशन आपन माटी आपन देश फिलिम में एक साथ फौजी का रुप में नजर आई लोग.
रियल स्टोन मर्केंटाइल का बैनर तले निर्माता प्रमोद शास्त्री आ आशीष केडिया के निर्माण आपन माटी आपन देश के निर्देशन एम आई राज कइले बाड़न. फिल्म के मुख्य किरदारन में रविकिशन, सुदेश बेरी का अलावा स्वीटी छाबड़ा, सुरेन्द्र पाल, अनुपम श्याम, अवधेश मिश्रा, सिकंदर खरबंदा, मनोज टाइगर आ मेघा घोष बा लोग.
निर्माता प्रमोद शास्त्री का मुताबिक इ फिलिम आम भोजपुरी फिलिमन का लीक से हट के बा आ एकरा से लोगन में देश प्रेम के ज्जबात पैदा होखी. लड़ाई का मैदान में आपन एगो गोड़ गवाँ देबे का बाद सेना से सेवानिवृत होके सामाजिक बुराइयन का खिलाफ लड़े वाला आम नागरिक के किरदार सुदेश बेरी निभवले बाड़न. रविकिशन के भूमिका तनी छोट जरुर बा बाकिर सतसइया के दोहरे अरू नाविक केतीर, देखन में छोटन लगे घाव करे गम्भीर वाला अन्दाज में दमदार बा. पति, भाई, आ एगो नागरिक के रुप में उनकर किरदार एह फिलिम के एगो नया आयान दिहले बा.

