Bhojpuri Film/ Songs/Music
विनय आनन्द बनलन निर्माता लोग के पसन्द.
भोजपुरी फिल्म निर्माता लोग अब विनय आनन्द के पसन्द करे लागल बा. भोजपुरी सिनेमा में जवान हीरो के अभाव हो गइल बा. जे बा से जमल जमावल पुरनका लोग.
गोविन्दा के भाँजा होखल विनय के दोसर खासियत हऽ. बाकिर फिल्म के आफर एह चलते ना मिलेला. विनय के बहुआयामी अभिनय क्षमता के चलते मिलेला.
हाल में रिलीज भइल फिलिम हो के रहबू तू हमार के बिहार में दर्शकन के बढ़िया रिसपान्स मिल रहल बा. एह साल उनकर आवे वाला फिल्मन में रवि किशन का संगे खटाईलाल मिठाईलाल का अलावा सजन परदेसिया, बाबू जी, के बनी दूल्हा वगैड़ह कई गो फिलिम आवे वाली बाड़ी स आ सभ पर इण्डस्ट्री के निगाह टिकल बा.
विनय आनन्द भोजपुरी सिनेमा का साथ साथ हिन्डी सिनेमा में भी अड़ल बाड़े. हिन्दी में उनकर जीजा है रंगीला आ कूल नहीं हॉट हैं हम आवे वाली बाड़ी सँ.

