Bhojpuri Film/ Songs/Music
रविकिशन बनलन बिहारी माफिया!
ना, ना घबड़ाईं मत. रवि किशन वास्तविक जीवन के माफिया ना बलुक अपना फिल्म बनावले वाली कंपनी महादेव प्राडक्शन प्रा॰लि॰ के पहिलका फिल्म बिहारी माफिया में मुख्य किरदार का रुप में अभिनय कर रहल बाड़न.
भोजपुरी सिनेमा के सबले व्यस्त आ सुपर स्टार होखला का बादो रविकिशन नया नया क्षेत्र में अपना प्रतिभा के प्रदर्शित करे में लागल बाड़न. फिल्म निर्मान के काम एगो वइसने नया क्षेत्र बा.
हालही में एगो हिन्दी फिल्म लूट का शूट से बैंकाक से लवटल रविकिशन कहलन कि बिहारी माफिया से उनका बहुते आशा बा. अगर सफलात मिलल त आगहूं सामाजिक सरोकार वाली सिनेमा बनावे में लागल रहीहें.
बिहारी माफिया के निर्देशक बबलू सोनी बतलवलन कि एह फिलिम में कवनो असली बिहारी माफिया के चित्रण नइखे भइल बलुक माफिया जीवन के तौर तरीका देखावल गइल बा.

