Bhojpuri Film/ Songs/Music

साँढ़ का संगे लड़ाई

भोजपुरी सिनेमा में पहिलका हालि

स्रोतः सिनेमीडिया इन्टरटेनमेण्ट

Bhojpuri action Star Sonu आजुकाल्हु भोजपुरी सिनेमा में एक्शन के बोलबाला बढ़ रहल बा. पहिले सामाजिक विषय पर बनल फिल्मन में संगीत के बोलाबाला रहत रहल. अब बुझाता कि एक्शन के जमाना आ गइल बा. एक्शने ना, रियल एक्शन. अधिकतर सीन में एक्शन वाला सीन डुप्लीकेट पर फिल्मावल जाला बाकिर फिलम 'चंदा' में एक्शन स्टार सोनू अपनहीं भिड़ गइलन साँढ़ से.

'चंदा' बिहार का सिनेमा हालन में हालही में रिलीज कइल गइल आ दर्शक लोग के निमनो लागल. जवना चलते बिहार में एह फिलिम के बाक्स आफिस खिड़की पर सफलता मिल गइल बा.

Sonu fighting with a bullसोनू का आगमन से भोजपुरी सिनेमा में एक्शन स्टार के कमी दूर हो गइल. एगो इन्टरव्यू में सोनू कहलन कि आगहूँ कवनो फिलिम में ऊ डुप्लौकेट के इस्तेमाल ना करीहें.

सोनू के आवे वाला फिलिम बाड़ी स हे राम, भईया दूज, कृष्णा वगैरह.