Bhojpuri Film/ Songs/Music

जब लहू पुकारेला

भावना प्रधान एक्शन फिल्म

स्रोतः उदय भगत, मुम्बई

Jab Lahu Pukare ke scene

दुल्हा मिलल दिलदार, माई रे कर दे बिदाई, आ माटी जइसन हिट फिलिम बनावे वाला निर्देशक सुनील प्रसाद अबकी लेके आइल बाड़े एगो भावना प्रधान पारिवारिक एक्शन फिल्म जब लहू पुकारेला.

ओम श्री विजन आ ली लाइजर रिसोर्ट लिमिटेड का बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम जब लहू पुकारेला में कुणाल सिंह, मोहित घई, हितेन कुमार, श्याम गंगानी, रानी चटर्जी, प्रवीण सिंह सिसोदिया, रेशमी भट्टाचार्य, गिरिश शर्मा, गोपाल राय, फीरोज ईरानी, रोशन खान और संभावना सेठ मुख्य भूमिका में बा लोग.

Jab Lahu Pukare ke scene

ए के गंगानी के एह प्रस्तुति के सभ गाना दिल के छू लेबे वाला बाड़ी सँ. बिनय बिहारी के गीतन के संगीत के सुर में सजवले बाड़े राजेश गुप्ता.

निर्देशक सुनील प्रसाद का अनुसार उनकर ई फिलिम आज का जमाना के अश्लीलता से भरल फिल्मन से अलगा बा जवना के रउरा अपना परिवार संगे बईठ के नइखी देख सकत. ऊहाँ का अइसनका फिलिमबनवले बानीं जवना के समाज क हर वर्ग देख सको.

जब लहू पुकारेला के देख के राज खोसला के मेरा गांव मेरा देश आ एन सी सिप्पी के मेरे अपने जइसन स्तरीय फिल्मन के इयाद बरबस आ जात बा. सुनील प्रसाद बतलवलन कि ई फिलिम अब प्रदर्शन खातिर तइयार बा आ अगिला महीना रिलीज कर दिहल जाई.