Bhojpuri Film/ Songs/Music
तोहार अँखिया... से
महेश राजा की वापसी

नेशनल अवार्ड से सम्मानित फिलिम, कब होई गवनवा हमार, समेत एक दर्जन से अधिका फिल्मन में काम कर चुकल अभिनेता महेश राजा एक साल का बनवास के बाद फेरु से वापिस आ रहल बाड़न, निर्माता कांतिभाई-रईसभाई आ निर्देशक मिथिलेश-अविनाश के फिलिम तोहार अँखिया दिवाना बना देहलस से. एह फिलिम में महेश का अलावा रानी चटर्जी, कुणाल सिंह, अजीत आर्यन वगैरह मुख्य भूमिका में बा लोग.
महेश के आखिरी रिलीज फिल्म पम्मी से प्यार हो गईल रहुवे. तोहार अँखिया... का अलावा महेश रवि किशन का साथ लाखों में एक हमार भऊजी, मोहन जोशी आ राकेश पाण्डेय का साथ बंधल रही पिरितिया के डोर, आ पिया संग लागे जिया में मुख्य किरदार में रह चुकल बाड़न.

निर्माता पवन वर्मा के फिलिम सुहागिन से आपन फिल्मी सफर शुरू करे वाला महेश आडियो किंग गुलशन कुमार क खोज मानल जाले. गुलशन कुमार टेलेंट हंट प्रतियोगिता का माध्यम से बिहार से महेश राजा आ प्रसिद्ध गीतकार विनय बिहारी के चयन कइले रहन.
एक साल तकले भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्रीज से बाहर रहे क बात महेश अफवाह बतावत कहलन कि ऊ अपना कुछ फिलिमन आ धारावाहिकन का शूटिंग में व्यस्त रहलन. बहरहाल महेश के प्रशंसक उनका फिल्मन क इंतजार कर रहल बाड़े.

