Bhojpuri Film/ Songs/Music

नेपाली सुपर स्टार विराज भट्ट भोजपुरी में

स्रोत : प्रशान्त-निशान्त, पटना.

Super Star of Nepali Cinema Viaj Bhatta

अब जल्दिये भोजपुरिया दर्शकन का सोझा नेपाली सिनेमा के सुपरस्टार आ एक्शनकिंग विराज भट्ट के जलवा नजर आवे वाला बा. नेपाली स्टार विराज भट्ट भोजपुरिया दर्शकन का सामने पहिलका हाली कुमारी माई मूविज का बैनर तले बनल फिल्म लागल रहऽ ए राजा जी, में हाजिर होखिहन.

निर्माता रामाकान्त प्रसाद द्वारा निर्मित एह फिलिम के लेखक निर्देशक राजकुमार आर॰ पाण्डेय हवें. एह फिलिम विराज भट्ट की नायिका बनल बाड़ी रानी चटर्जी. पूरा फिलिम में विराज भट्ट के एक्शन से भरपूर रोल से भरल बा.

Lagal Raha E Raja Ji.

फिलिम का मुख्य किरदारन में भोजपुरी के सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ, स्वीटी छाबड़ा, विराज भट्ट, रानी चटर्जी, मनोज टाइगर, रेखा थापा, आशा पेरियाज खान, गोपाल राय, संजय मनियर, जस्सी सिंह, पप्पू मिश्रा, ऋचा, सुजीत कुमार आ अवधेश मिश्रा बाड़न.

फिल्म के गीत लिखले बाड़न विनय बिहारी आ पप्पू मिश्रा. आ ओह गीतन के संगीत से सजवले बाड़न अशोक कुमार द्वीप. आर एस मिश्रा आ रमेश मिश्रा की लिखल कहानी के छायाकार प्रमोद पाण्डेय बाड़न.

लागल रहऽ ए राजा जी के निर्माता रामाकान्त प्रसाद एकरा से पहिले दीदी तोर देवर दीवाना जइसन हिट फिल्म दे चुकल बाड़न. विराज भट्ट अपना एह फिलिम से इस फिल्म से काफी आशान्वित बाड़ें तथा कहले बाड़न कि फिलिम में उनकर एक्शन सीन देख कर दर्शक वाह वाह कर उठिहन आ ओह एक्शन के नकल करे लगीहे.