Bhojpuri Film/ Songs/Music

भोजपुरी सिनेमा में लोगन के अभिरुचि बढ़ल जात बा. भोजपुरी सिनेमा में बड़का बड़का अभिनेता, निर्माता, निर्देशक घुसे खातिर तइयार बाड़न भा घुस चुकल बाड़न. गंगा मइया तोहरे पियरि चढ़इबो से जवन सफर शुरु भइल तवन रोज नया मुकाम पर चढ़ल जाति बा.

एह कालम में अँजोरिया रउरा के भोजपुरी सिनेमा के गतिविधियन के खबर देबे के कोशिश करी.

भोजपुरी सिनेमा में भोजपुरी के संस्कार झलकेला... कहेली भाग्यश्री

भोजपुरी फिल्म पारखी 'उज्जवल' से बातचीत का आधार पर.

हिन्दी सिनेमा जगत के कई गो अभिनेत्री लोग भोजपुरी सिनेमा में चमकल बा. ओही में से एगो जगमग सितारा हई 'भाग्यश्री'. हिन्दी फिलिम 'मैंने प्यार किया से' मशहूर भइल भाग्यश्री भोजपुरी के कई गो हिट फिलिमन में काम कइले बाड़ी. एह फिलिमन में से 'उठाइले घूँघटा चाँद देखले', 'देवा', 'जनम-जनम के साथ' के नाम लिहल जा सकेला. बाकिर भाग्यश्री सबले अलगा निकलली आ भोजपुरी सिनेमा बनावे का क्षेत्र में गोड़ डाल दिहली. अपना पति हिमालय दासानी के साथे 'सृष्टि इन्टरटेनमेण्ट' नाम के कम्पनी बनवली आ ओह कम्पनी का बैनर तले भोजपुरी के मल्टीस्टारर फिलिम 'एगो चुम्मा दे दऽ राजा जी' बना डलली. कुछ दिन पहिले उज्जवल जी से बात चीत में भाग्यश्री जवन कहली तवन पेश बा ....

Get a bigger picture of Bhagyashree.

उज्जवल : रउवा भोजपुरी सिनेमा बनावे का काम मे कइसे लाग गइनीं?

भाग्यश्री : देखीं, जब हम भोजपुरी सिनेमा में अइनीं त हमरा ई भाषा बड़ा मीठ लागल आ एकरा में हमरा भारतीय संस्कृति के झलक मिलल. फेर जब हिमालय से बतियवनीं त उहो तइयार हो गइलन. भोजपुरी फिल्म उद्योग में लागल लोगन से बात भइल, एगो योजना बनल आ 'एगो चुम्मा दे दऽ राजा जी' बनावे के फैसला कइल गइल. फिलिम बन के तइयार हो गइल बा.

उज्जवल : एह फिलिम के कहानी का बारे में आ अपना रोल का बारे में कुछ बताईं.

भाग्यश्री : ई फिलिम पारिवारिक मनोरंजक कामेडी हऽ जवन हर तरह के दर्शक पसन्द करिहें. एह सिलिम में हमार रोल एगो पतिव्रता मेहरारू के बा. हमरा किरदार के नाम मीरा बा. सबले बड़ बात बा कि एह फिलिम में भोजपुरी के एगो ना दू दू गो सुपर स्टार बाड़न. रवि किशन आ मनोज तिवारी. दूनू जाना के रोल मुख्य बा. संगे संगे स्वीटी छाबड़ा आ दीप शिखा भी मजगर रोल में बा लोग. एह फिलिम के देख के भोजपुरी सिनेमा का बारे में लोगन के राय बदल जाई.

उज्जवल : फिलिम के गीत संगीतो का बारे में कुछ बताईं.

भाग्यश्री : कवनो फिलिम खातिर ओकर गीट संगीत बहुत महत्वपूर्ण होखेला. एगो चुम्मा दे दऽ राजा जी के गीत विनय बिहारी लिखले बाड़न आ संगीत का ताल लय में बन्हले बाड़न जतीन पण्डित. एह फिलिम में भोजपुरी के रीति रिवाजो पर गाना बाड़ी स. सब गाना बढ़िया बढ़िया गायक लोग गवले बा.

उज्जवल : रवि किशन आ मनोज तिवारी के एके साथ लेके काम करे में रउरा लोग के दिक्कत ना आइल का? सुनीलें कि जब जब ए दुनू आदमी के लेके फिलिम बनल बा तब तब निर्माता निर्देशक लोग बाप बाप कर गइल बा.

भाग्यश्री : ना! अइसनका कवनो बाति नइखे. कम से कम हमरा त तनिको ना लागल. दुनू आदमी आपन आपन काम बड़ा बढ़िया से कइल आ समय पर. फिलिम का सेटो पर दुनू आदमी काफी हँस मुख लउकत रहुवे. ओह लोग में मतभेद के बाति बुझला खाली अफवाहे हऽ.

उज्जवल : त अब आगे के का पलान बा?

भाग्यश्री : अभिनय त करते रहेम. हँ फिलिम निर्माणो के काम जारी रही.