Bhojpuri Film/ Songs/Music
रवि किशन आ निरहुआ पहिलका हालि एक संगे
पहिलका हालि कवनो फिलिम में मशहूर जुबली स्टार दिनेश लाल निरहुआ आ सुपर स्टार रविकिशन एके साथे लउकि लोग.
भोजपुरी के फिलिम निर्माता लोग आजुकाल्हु मल्टीस्टारर सेट अप बना के फिलिम बनावे लागल बा लोग. एही कतार में हाल ही में पी॰ले॰क्रिएशन का बैनर में निर्मात्री प्रतिभा सिंह अपना फिलिम विधाता में भोजपुरी सिनेमा के जुबली स्टार निरहुआ आ सुपर स्टार रविकिशन के एके संगे काम करवली.
फिलिम में दुनू जने दोस्त के रोल कइले बाड़न. श्रीधर शेट्टी के श्री इन्टरटेनमेण्ट से प्रस्तुत एह फिलिम बेजोड़ फाइटिंग आ एक्शन सीन देखे मिली.
मुख्य किरदारन में एह दुनु जाना के अलावा पंकज केसरी, प्रतिभा पाण्डेय, पारखी हेगड़े, पूनम सागर, अनारा गुप्ता, ब्रजेश त्रिपाठी, मनोज टाइगर, गोपला राय, उमेश सिंह, गौरीशंकर, नाया यादव आ अवधेश मिश्रा का अलावा आइटम गर्ल सम्भावना सेठ बाड़ी.
विधाता के निर्देशन हैरी फर्नांडिज हवन जे पहिलहूं भोजपुरिया भईया जइसन हिट फिल्म दे चुकल बाड़न.
मारधाड़ आ इमोशन से सजल एह फिलिम के कहानी मनोज हँसराज के, संवाद मो॰रफी खान के, गीत विनय बिहारी, प्यारेलाल, श्याम देहाती आ सच्चिदानन्द कवच के लिखल बा.
म्यूजिक लाल सिन्हा आ गुणवन्त सेन के बा. छायाकार अकरम खान आ नृत्य निर्देशन दिलीप मिस्त्री के बा. प्रचार के जिम्मेदारी मशहूर जनसम्पर्की प्रशान्त निशान्त के दिहल गइल बा.
भोजपुरी सिनेमा के एह कालम में अब हमेशा कुछ ना कुछ नया दिहल जाई. रोज देखल मत भुलाएम जा.

