Bhojpuri Film/ Songs/Music
मुन्ना बजरंगी में केबल फाइट
अब अगर हिन्दी सिनेमा के अजय देवगन भा अक्षय कुमार लेखा भोजपुरी फिलिम के हीरो हवा में उड़ के फाइट करत लउके त चिहुँकेम मत. अब भोजपुरीओ फिलिमन में केबल फाइट देखे के मिली.
निखिल इन्टरटेनमेण्ट का बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम मुन्ना बजरंगी में पहिलका हालि पूरा फिलिम के एक्शन सीन में केबल फाइट के इस्तेमाल कइल गइल बा.
रउरा जाने के चाहेम कि इ केबल फाइट होला का? केबल फाइट में केबल का सहारे कलाकार हवा में इड़ के एक्शन सीन आ स्टंट सीन देबेलें. केबल मजबूत तार से बनल होला जवन कलाकार के पूरा भार सम्हार लेला. जब शूटिंग के काम खतम हो जाला त पोस्ट प्रोडक्शन का दौर में केबल के निशान मेटा दिहल जाला आ दर्शक देखेले कि वाह, का छलाँग मरलसि!
केबल फाइट महँग पड़ेला. करीब पचीस लाख रुपिया का खरचा खाली एही काम में लाग जाला. कलाकारन के रिहर्सल में लागे वाला टाइम आ खरचा उपर से. मुन्ना बजरंगी में नायक सुशील सिंह आ विक्रम सिंह पर इ सीन फिल्मावल गइल बाड़ी सँ जवना के शूटिंग २५ दिन में आ रिहर्सल में २० दिन मिला के ४५ दिन त खाली फाइटिंगे का सीन खातिर लाग गइल. अतना दिन में त दू गो फिलिम के शूटिंग हो गइल रहित.
मुन्ना बजरंगी के निर्मात्री रीना एस पासी हई आ निर्देशक के॰दी॰, जे एकरा पहिले निरहुआ रिक्शावाला के निर्देशन कर चुकल बाड़न. निरहुआ रिक्शावाला सिल्वर जुबली मनवलसि.
मुन्ना बजरंगी के मुख्य किरदारन में सुशील सिंह, विक्रान्त सिंह, पूनम सागर, विजय लाल यादव, प्रकाश जैस, अली खान, चित्तरंजन गिरी, किरण यादव, जफर खान, भानु अग्रवाल आ अनिल यादव के नाम बा.
मुन्ना बजरंगी जल्दिए रिलीज होखे वाला बा.
भोजपुरी सिनेमा के एह कालम में अब हमेशा कुछ ना कुछ नया दिहल जाई. रोज देखल मत भुलाएम जा.

