Bhojpuri Film/ Songs/Music

आखिरी बार बनल जोड़ी

भोजपुरी फिल्म पारखी 'उज्जवल' के रपट.

जब जब रविकिशन आ मनोज तिवारी के जोड़ी कवनो फिलिम में बनेले तब तब लूत्ति छितराले. निर्माता निर्देशक छाती कपार पर हाथ रखले रहले कि कि पता कब बखेड़ा खड़ा हो जाव. एगो इर घाट, त दोसरका मीर घाट. को बड़ छोट कहत अपराधू!

अक्सरहाँ त उ लोग एक साथ काम करे के तइयारे ना होखे. अगर केहू तरह तइयार होइयो गइल लोग त बीच बीच में टकराहट होते रहेला. असल में दुनू भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार के स्टेटस वाला हवन जा. के केकरा से दबी?

एने फेर बहुत दिन बाद एह जोड़ी के एक फिलिम में उतारे के कमाल कर दिहली भाग्यश्री, जे अपना पति हिमालय का संगे मिल के एगो चुम्म दे दऽ राजा जी बना डलली. स॓ष्टी इनथटरटेनमेण्ट का बैनर में बनल एह फिलिम में मनोज तिवारी आ रविकिशन दोस्त का किरदार में बा लोग.

Get a bigger picture.

एकरा से पहिले रविकिशन आ मनोज तिवारी तू हमार हऊ आ जनम जनम के साथ में काम कर चुकल बा लोग. अब सुने में आ रहल बा कि अबकी बार इ आखिरी बार होई जे दुनू एक संगे एके फिलिम में लउकिहें. दुनू में टकराहट बढ़ल जा रहल बा. पिछलका छह महीना में इ लोग अइसनका कवनो फिलिम साइनो नइखे कइले लोग.

एगो चुम्म दे दऽ राजा जी में मुख्य किरदार में भाग्यश्री, रविकिशन आ मनोज तिवारी का अलावे स्वीटी छाबड़ा, उपासना सिंह आ दीपपशिखा के नाम बा. फिल्म के निर्देशन जावेद सैयद कइले बाड़न आ गीत लिखले बाड़न विनय बिहारी. संगीत से सँवारे के काम जतीन पण्डित के बा.

देखल जाव बाक्स आफिस पर इ फिलिम कतना धमाल मचाबत बा. धमाल मचाई अतना त तये बा!

भोजपुरी सिनेमा के एह कालम में अब हमेशा कुछ ना कुछ नया दिहल जाई. रोज देखल मत भुलाएम जा.