Bhojpuri Film/ Songs/Music

'ऐ बलम परदेसी' में हॉट हीरोइन

भोजपुरी फिल्म पारखी 'उज्जवल' के रपट.

भोजपुरी फिलिम के बिग बॉस रविकिशन आ हॉट खूबसूरत अदाकारा संगीता तिवारी के जोड़ी अब भोजपुरिया परदा पर आग लगावे खातिर तइयार बा. कहल जात बा कि 'ऐ बलम परदेसी' में काम करे वाला एह रोमांटिक जोड़ी का चलते फिलिम काफी हॉट हो गइल बा.

भोजपुरी सिनेमा के शोमैन कहल जाएवालामोहन जी प्रसाद एह फिलिम के निर्देशन कइले बाड़न. सोनाली पिक्चर्स के बैनर में बनल एह फिलिम के निर्माता जे॰सी॰शर्मा हउवन.

खास किरदार में रविकिशन आ संगीता तिवारी का अलावा प्रियंका मोइत्रा, रजा मुराद, ब्रजेश त्रिपाठी, उपासना सिंह, पेंटल, केडी सिंह बाड़न. आइटम गर्ल संभावना सेठ के लेके बनावल एह फिलिम में म्यूजिक, रोमांस आ एक्शन के तिकड़ी सजावल बा जवन हर दर्शक के पसन्द आई. आजु का जमाना में प्यार के सच्चाई देखावे वाली एह फिलिम के गीत विनय बिहारी के हऽ आ संगीत राकेश त्रिवेदी के.

'बबुआ हमार' में गाँधीगिरी

भोजपुरी फिल्म पारखी 'उज्जवल' के रपट.

हिन्दी सिनेमा में मुन्ना भाई एगो नया फैशन शुरु कर दिहलन जवने देश का राजनीतिओ में घुस गइल.... गाँधीगिरी के. फिल्मी दुनिया में एक हालि जवन चलि जाला तवना के हर कोई अपना अपना तरीका से आजमावे चाहेला. गाँधीओगिरी के इहे हाल बा.

फ्राइडे फिल्म्स का बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम 'बबुआ हमार' में गाँधीगिरी के आजमावल गइल बा. टीवी सिरियल के प्रसिद्ध अभिनेता अमर उपाध्याय एह फिलिम में एगो गुमराह युवक के किरदार निभवले बाड़न. राजनेतवन का फेर में पड़ि के ऊ युवक अपराध के दुनिया में उतरि जात बा. ऊहि युवक के सुधारे खातिर गाँधी जी आवत बाड़न आ ओकरा के सही राह पर चले के कहत बाड़न.

राष्ट्रीय पुरस्कार प्राप्त निर्देशक आनन्द डी गहतराज निर्देशित एह फिलिम में मुख्य किरदार का रुप में अमर उपाध्याय, मोनालिसा, प्रवीण सिंह सिसोदिया, शिवम तिवारी, मनीष महिवाल, देव मल्होत्रा, माया यादव, भरत शाह, मोना राय, राकेश त्रिपाठी, समीक्षा,गूफी पेंटल, उदय श्रीवास्तव, आ विजय खरे का साथ साथ आइटम गर्ल का रुप में मशहूर संभावना सेठो बाड़ी.

Get a bigger picture.

यूडी मूवीज के एह प्रस्तुति के निर्माता हितल उपाध्याय आ डा॰ देवदत्त कपाड़िया हउवन. कहानी दीपा नारायण के, गीत विनय बिहारी के, संगीत धनंजय मिश्रा के बा.

देखल जाव गाँधीगिरी के जलवा एह फिलिम में कतना कुछ कर पावत बा.

एह फिलिम के प्रचारक प्रशान्त निशान्त का मुताबिक फिलिम एही महीना अप्रेल मे रिलीज कर दिहल जाई.

भोजपुरी सिनेमा के एह कालम में अब हमेशा कुछ ना कुछ नया दिहल जाई. रोज देखल मत भुलाएम जा.