Bhojpuri Film/ Songs/Music

निरहुआ के भाइयो कमाल के निकलल.

अशोक भाटिया के प्रस्तुति का आधार पर

photo of Pravesh and Pakhiभोजपुरी जुबिली स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ के पूरा परिवार संगीत से जुड़ल हवे. बाबूजी श्रीकुमार यादव बिरहा के लोकप्रिय गायक रहन. उनका बाद बड़ भाई विजय लाल यादव संगीत परम्परा के जियतार रखलन आ संगहीं संगे दिनेश लाल आ प्रवेश लालो लोकगीत के गायकी से जुड़ गइलन.

प्रवेश लाल यादव बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय से स्नातक हउवन.लमहर देहयष्टि के प्रवेश लाल यादव के गोर देऋ उनका व्यक्तित्व के आउरी आकर्षक बना देला. भोजपुरी फिल्मन में अभिनेता के रुप में मिलत प्रस्ताव देखिके ऊ जान बैरी का स्कूल में एक्टिंग के ट्रेनिंग ले रहल बाड़न आ साथ ही साथ घुड़सवारी, तैराकी, फाइटिंग आ आउरी कला सीख रहल बाड़न.

प्रवेश लाल यादव के संकल्प बा कि पहिलका शुरुआत भोजपुरिए फिलिम से करिहन बाकिर ओकरा पहिले गायकी का क्षेत्र में नाम कमा लिहल चाहत बाड़न. मलय बनर्जी से संगीत के शिक्षा ले रहल प्रवेशलाल यादव रोज दू घण्टा गायकी के नियमित अभ्यास करेलन. गजल के शोकीन प्रवेशलाल यादव के पसन्दीदा गायक जगजीत सिंह हउवन.

another photo of Pravesh and Pakhiहालही में प्रवेशलाल यादव के एगो वीडियो अलबम एगो चुम्मा दे देब जान टी सीरीज से जारी भइल बा. एह अलबम के में प्रवेश लाल यादव के नौ गो गाना बा जवन उनके पर फिल्मावल गइल बा. एगो गीत निरहुओ क बा जवन निरहुआ आ पूनम सागर पर फिल्मावल गइल बा. प्रवेश लाल का संगे चार गो गीत खुशबू जैन गवले बाड़ी आ दू गो में पाखी हेगडे डान्स में साथ दिहले बाड़ी. मोना सिंह, सीमा सिंह, रितु पांडे आ रीमीभी एह कैसेट में बाड़ी. कैसेट बहुते लोकप्रिय हो रहल बा. खास करिके प्रवेश लाल यादव के मधुर दिलकश आ दिल के तारन के झंकृत कर देबे वाला आवाज के कारण. एह अलबम के गीत प्यारेलाल यादव जी के लिखल हऽ आ संगीत अजय प्रसन्ना के हऽ. नृत्य निर्देशन एन्थोनी के हऽ त निर्देशन बाली जी के. कैमरा रविचन्द्र सम्हरले बाड़न.

अपना बारे में बतावत प्रवेशलाल यादव कहलन कि पहिलका हालि दस साल का उमिर में कलकत्ता के एगो प्रोग्राम में ऊ स्टेज पर गवले रहन. अपना बाबूजी आ भैया का सोझा स्टेज पर गावे में उनका धुकधुकी लागल रहे बाकिर जब गावल शुरु कइलन त हॉल में गूंजल ताली के गड़गड़ाहट में उनकर सब घबराहट हवा हो गइल रहे. ओह गाना पर मिलल चौदह रुपया के इनाम ऊ सौजा महतारी का गोड़ पर ले जाके राख दिहले रहलन. ओकरा बाद से त सैकड़न स्टेज शो कर चुकल बाड़न जवना में कुछ निरहुआ का संगे आस्ट्रेलिया का दौरा में भइल.

अपना संगीत यात्रा के इयाद करत प्रवेशलाल यादव कहलन कि उनकर पहिलका गीत १९९८ में झुझुनवा के भउजी खातिर रिकार्ड भइल रहे. ऊ एलबम चंदा कैसेट कंपनी निकलले रहे आ गाना के बोल रहुवे, हमको दुल्हा चाहीं एकदम अपडेट बाबूजी. ओकरा बाद निरहुआ के एगो होली कैसेट मजा देई निरहुआ में प्रवेशलाल के गीत रिकार्ड कइल गइल.

प्रवेशलाल यादव खाली गायकिए ना करसु बलुक पारिवारिक कंपनी निरहुआ एंटरटेनमेंट के कामकाजो सम्हारेलन. कंपनी आजुकाल्ह एगो धारावाहिक मि.निरहुआ आ भोजपुरी फिलिम चलनी के चालल दुल्हा के निर्माण में व्स्त बिया. हो सकेला कि आगा चलिके कंपनी हिन्दियो फिलिम बनावे.