Bhojpuri Film/ Songs/Music
रविकिशन के बहादूरी
भोजपुरी फिलिमन के सुपर स्टार आ बिग बॉस रविकिशन क काम आ जोश के कायल हर आदमी बा जेकरा साथे ऊ काम कइले बाड़न. हर निर्माता निर्देशक जे एक हालि रविकिशन का साथे काम कर लिहले बा से हर बेर रविकिशन के साथ चाहेला.
आखिर चाहे काहे ना! रविकिशन जब सेट पर रहेलें त काम में तन मन से लागल रहेलें. ऊ रुपिया के मोल जानेलें से कबहियों ना चाहसु कि उनका निर्माता के एकहू रुपिया फालतू में खरच होखे.
अबहीं हालही के बाति हऽ जब मुन्ना बजरगी के शूटिंग चाँदवली स्टूडियो में होत रहुवे तब एगो फाइट सीन के शूट करावत में रविकिशन के चोट लाग गइल आ गोड़ में फ्रैक्चर हो गइल. चोट आ फ्रैक्चर का बावजूद रवि किशन शूटिंग पैक अप ना होखे दिहलन. कुछ घण्टा आराम का बाद फेर से शूटिंग करावल शुरु कर दिहलन आ ओह दिन के काम पूरा करवलन.
रविकिशन के एह फैसला से जहाँ उनकर बहादुरी झलकल उहँवे निर्माता के लाखो रुपिया बरबाद होखे से बाँच गइल. सुपर स्टार के हर मामिला में सुपर होखे के चाहीं!

