भाजपा के पुरनिया नेता लाल कृष्ण आडवाणी कहले बाड़न कि दागी सांसदन के बचावे वाला अध्यादेश के वापसी कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी के चलते ना होके राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी का चलते भइल बा.
अपना ताजा ब्लॉग में आडवाणी लिखले बाड़न कि राष्ट्रपति अध्यादेश लवटा दीहें के अनेसा बनला का बाद कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी के कइल काम से होखेवाल नुकसान के भरपाई करे का कोशिश में राहुल गांधी एह अध्यादेश के सार्वजनिक आलोचना कइलन. आडवाणी लिखले बाड़न कि अध्यादेश का चलते देश में जवन हालात बनल तवना से निपटे में राहुल गांधी ना बलुक प्रणव मुखर्जी के भूमिका अहम रहल. राष्ट्रपति के प्रशंसा करत आडवाणी लिखले बाड़ण कि मुखर्जी एक बेर फेरू साबित कर दिहलन कि एह माथ पद पर बइठे वाला बाकी कांग्रेसिय जइसन रबर स्टैंप उ ना हउवन.
आडवाणी लिखले बाड़न कि अपना तीन मिनट के भाषण में राहुल गांधी इहे कहलन कि ई अध्यादेश पूरा तरह से बकवास बा आ एकरा के फाड़ के फेंक देबे के चाहीं, बाकिर एको बेर ई ना बतवले कि कवना चलते. जब कि लोकसभा मे विपक्ष के नेता सुषमा स्वराज आ राज्यसभा मे विपक्ष के नेता अरूण जेटली के साथे जब आडवाणी 26 सितंबर के राष्ट्रपति से मिलले त उनुका के बतावल गइल कि कइसे ई अध्यादेश पूरा तरह से असंवैधानिक आ गैरकानूनीए ना अनैतिको बा काहे कि एहसे जुड़ल विधेयक राज्य सभा के स्थायी समिति के सोझा विचार खातिर पड़ल बा.
आडवाणी आगे लिखले बाड़न कि एह मुलाकात का बाद राष्ट्रपति तीन गो केद्रीय मंत्रियन, सुशील कुमार शिंदे, कपिल सिब्बल, इ कमलनाथ, के बोला के शायद आपन आपत्ति गिनवले जवना का बाद मंत्री लोग चौकन्ने हो गइल आ ओह लोग के लागल कि अगर राष्ट्रपति अध्यादेश के लवटा दीहें त सरकार के किरकिरी हो जाई.
आडवाणी लिखले बाड़न कि एह हालत सोनिया गांधी नुकसान के भरपाई करे के सोचली आ राहुल गांधी के सहारा लिहल गइल. बाकिर उनुका के ई बतावल भुला गइली कि आखिर ई करे के कइसे बा. राहुल के बस इहे कहे के चाहत रहे कि सरकार एह अध्यादेश के समीक्षा करे. आ एतने से उनकर मकसदो पूरा हो जाइत.
आडवाणी लिखले बाड़न कि राहुल जवन कइले तवना से प्रधानमंत्रीए ना संप्रग सरकारो कहीं के ना रह गइल. पहिलके दिन से संप्रग के मतलब सोनिया गाँधी आ मनमोहन सिंह रहल बा. आखिरकार बकवास शब्द के इस्तेमाल सिर्फ प्रधानमंत्री आ उनका मंत्रियने पर लागू नइके होत, सोनियो गाँधी पर होत बा.
लिखले बाड़न कि एह अध्यादेश के वापसी ला सिर्फ राष्ट्रपति के धन्यवाद देबे के चाहीं जे संप्रग के बड़हन गलती सुधार दीहलें आ साबित कइले कि ऊ एह माथ पद पर बइठेवाला बाकी कांग्रेसियन का तरह नइखन.
422 total views, 2 views today