दुर्गा माई के नौ रुप 4.कूष्माण्डा

by | Oct 8, 2013 | 0 comments


(नवरात्र के चउथा दिन मंगल ८ अक्टूबर २०१३)

सुरासम्पूर्णकलशं रुधिराप्लुतमेव च |
दधाना हस्तपद्माभ्यां कूष्माण्डा शुभदास्तु मे |

माई दुर्गा अपना चौथा रूप में ” कूष्माण्डा ” का नाम से जानल जाली.नवरात्र में चउथका दिन माई के एही विग्रह के पूजा होला.अपना मंद-मंद मुस्कान से ब्रह्मांड के उत्पन्न कइला का कारन इहाँके नाँव कूष्माण्डा परल.जब सृष्टि के अस्तित्व ना रहे,चारू ओर अंधकारे अंधकार रहे,तब ईहे माई अपना हल्का हँसी से सृष्टि के रचना कइले रहीं.माई के आठ गो भुजा बाड़ी सन आ आठों में क्रमशः कमंडल,धनुष,बाण,कमल के फूल,अमृत से भरल कलश,चक्र आ गदा बा.आठवाँ हाथ में सभे सिद्धि आ निधि के देबेवाली जपमाला बा.कूष्माण्ड माने कोंहड़ा.बलिदान में कोंहड़ा के बलि इहाँके प्रिय हऽ.माई कूष्माण्डा तनिका सेवा आ भक्ति से भी खुश हो जालीं.माई के भक्ति से आयु,यश,बल आ आरोग्य के बढ़ोत्तरी होला. नवदुर्गा में चउथकी माई कूष्माण्डा दुर्गाजी के जय हो.


(चित्र आ विवरण डा॰रामरक्षा मिश्र का सौजन्य से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up