भउजी हो !

का बबुआ ?

अमेरिका त पाकिस्तान में लुकावल बिन लादेन के मार डललसि बाकिर हिन्दुस्तान कबो दाउद के मार गिरा सकेला का ?

ए बबुआ, बड़ बड़ बोलला से का फायदा ? पाकिस्तान में लुकाइल दाउद के बाति छोड़ दीं सरकार त आतंकियन के अपने देश में बचा के रखले बिया.

का भउजी अफजाल के कबो फाँसी ना लागी का ?

हालात त इहे बतावत बा बबुआ. अब रउरा नीक लागो भा बाउर.

काहे भउजी ?

हमनी का दू नंबरी लोकतंत्र हईं जा, अमेरिका एक नंबरी. एहिजा विदेशी पतोहू के घर के चाभी सँउप देबे के परंपरा बा ओहिजा नइखे. एहिजा के सरकार दु नंबरियन का भरोसे चलेले ओहिजा के ना. एहिजा के प्रधानमंत्री हुकुम के गुलाम हउवन ओहिजा के राष्ट्रपति तुरुप के इक्का. का का बताईं बबआ !

रहे द भउजी. आजु खातिर अतने पच जाव त बहुत बा.

Advertisements