केशव मोहन पाण्ड़ेय
bhojpuri-pariwar-1
पिचकारी के धार, गुलाल के बौछार, अपना लोगन के प्यार, इहे त हउए होली के तेवहार .  जी, भारत के धरती के हीं उपजाऊपन के महिमा देखीं आ भोजपुरिया जीवटता देखीं कि भारत के लाल जे लोग अर्टेसिया, कैलि.फोर्निया, यू ए एस में रहे ला लोग, होली के हिलोरा आहिजा ले पंहुचा देले बा लोग.

ओहिजा के संस्था ‘भोजपुरी परिवार’ बहुत हंसी-खुशी आ उल्लास से, बड़ा मन के मिजाज से रंग के तेवहार होली खूब मौज-मस्ती के साथे, सगरो भईया-भउजी मिल के मनावल लोग . ई होली मिलन 22 मार्च के अर्टेसिया पार्क, कैलि.फोर्निया में आयाजित कइल गइल रहे .  भोजपुरिया सरोकार आ संस्कृति के रक्षा आ विस्तार खातीर भोजपुरी परिवार के स्थापना भइल . परिवार के सभ सदस्य लोग मिलके खूब तैयारी करेला लोग आ सभ मेहमान लोगिन के साथे होली खेलके, नाच-गाना करके, साथ में स्वादिष्ट भोजन के आनंद लेवे ला लोग .
अबकि साल पुरे कैलि.फोर्निया से सैकड़ों लोग भाग लिहलस, जवना में आधे से अधिका भोजपुरी बोेले वाला लोग रहे .  सउंसे लोगन के इकठ्ठा होखल एह बात के प्रमाण आ समर्थन देखावता कि विदेशन में भी भोजपुरी बोली, भाषा आ संस्कृति के संरक्षण खातिर सभे प्रयत्नशील बा .
कार्यक्रम के नाम रहे ‘फगुवा’ जेकर उपज हमार संस्कृति के ‘फागुन’ शब्द से भइल .  जेकर, मतलब ‘बसंत ऋतू’ होखेला . एह कार्यक्रम में हर उम्र के लोग आपन परिवार, आपन दोस्त लोगन के साथे गुलाल, अबीर, ठंडई, मधुर संगीत आ स्वादिष्ट भोजन से होली के उत्साह कई गुना अधिक बढ़ गइल . मशहूर गायक शिव बालक आ जीतेन्द्र शुक्ला आपन गीत-संगीत से सभे के मंत्र मुग्ध करे में सफल रहल लोग .  डॉक्टर कामता राय, प्रोफेसर गणीत, कैलि.फोर्निया पाली, पोमोना आ विनाद कुमार के गाना पे सभे झूमल .
श्री शिव बालक, श्री जीतेन्द्र शुक्ला, श्री चंद्रकांत पटेल अध्यक्ष बीजेपी अमेरिका आवरू
श्री साइमन गौन्डर डायरेक्टर ग्लोबल एम अमेरिका के भोजपुरी परिवार के अध्यक्ष श्री रोहित सिंह स्वागत कइलन .  ग्लोबल एम अलाभकर संस्था उभरत देशन में रहे वाला गरीब लोगन के चिक्तिसा और क्षैक्षिक जरूरत पे काम करेला .
होली के कार्यक्रम के बारे में श्री रोहित सिंह जी कहलीं – बडी़ गर्व के बात बा भोजपुरिया लोगन के साथ में होली खेलके आनंद उठावल .  भोजपुरी परिवार के इहे कोशिश रहेला कि अमेरिका आवरू कनाडा में भोजपुरी संस्कृति हजारो-हजार साल तक चलत रहे .
भारत के कुछ खास आ विशिष्ट लोग श्रीमती शीला दीक्षित केरल के गवर्नर, श्री लालू प्रसाद यादव पूर्व रेल मंत्री, श्री मनोज तिवारी गायक आ अभिनेता, श्री अमरजीत मिश्रा अध्यक्ष बीजेपी मुंबई, स्वामी चिन्मयानंद सरस्वती पूर्व बीजेपी सदस्य लोग विडियो के द्वारा होली के संदेश भेजलस .
विदेश में आपन संस्कृति के जिंदा रखे के प्रयास करत भोजपुरी परिवार के, श्री अमरजीत मिश्रा खूब सराहना कइलन .  कार्यक्रम के समाप्ति पे श्री रोहित सिंह सभ लोगन के धन्यवाद देत कहलन रउआ लोगन के सहयोग से सुन्दर होली के रचना भइल .  रउरा लोगन के खूबसूरत चेहरा होली के रंग में सराबोर होके कार्यक्रम में चार चांद लाग गइल .

Advertisements