उत्तर प्रदेश हिंदी संस्थान के फेर से सक्रिय बनावे के माँग

by | May 29, 2012 | 0 comments

साहित्य अकादमी, दिल्ली के उपाध्यक्ष विश्वनाथ प्रसाद तिवारी प्रदेश के मुख्यमंत्री के चिट्ठी लिख के माँग कइले बाड़न कि हिंदी संस्थान के फेर से सक्रिय कइल जाव, तय भइला का बाद रद्द पुरस्कारन के दिहल जाव आ आवे वाला दिनो में एह पुरस्कारन के जारी राखल जाव. हिंदी संस्थान के पुरस्कारन के सबले बड़का खासियत रहे कि ई पुरस्कार अखिल भारतीय स्तर पर दिहल जात रहुवे आ अहिन्दीओ भाषी इलाकन के हिंदी लेखकन के दिहल जात रहे. कहले बाड़न कि जवन समाज अपना लेखक कलाकारन के सम्मान कइल छोड़ देला ऊ समाज गँवे गँवे खतम हो जाला.

साल २००९ १० में दिहल जावे वाला एक सौ पुरस्कारन के फैसला एगो विधिवत गठित समिति सर्वसम्मत तरीका से कइले रहुवे. एह समिति में तब के मुख्य सचिव, भाषा सचिव, संस्थान के अध्यक्ष, लखनऊ विश्वविद्यालय के कुलपति, आ लेखकन में बालशौरी रेड्डी, कामतानाथ, ओम प्रकाश वाल्मीकि आ विश्वनाथ प्रसाद तिवारी शामिल रहलें. बाकिर सरकार तीन गो पुरस्कारन के छोड़ बाकी सगरी पुरस्कार रद्द कर दिहलसि. कहल त कुछ ना गइल बाकिर हवा में बात इहे रहल कि पुरस्कृत लेखकन में दलित लेखकन के संख्या कम रहला आ लोहिया, लिमये, आ दीनदयाल का नामन पर पुरस्कार दिहला का चलते एहनी के रद्द कर दिहल गइल रहे.

डा॰ विश्वनाथ प्रसाद तिवारी गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिंदी विभाग के विभागाध्यक्ष पद से रिटायर हो चुकल बानी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up