बाप के मरले कुँवर महतारी का मरले टूअर : निफ्टी-50 बीस हजार कि पन्द्रह हजार

by | Sep 2, 2022 | 0 comments

करीब दस महीना से एगो अइसन बान्ह बन्हा गइल बा निफ्टी-50 का प्राइस लाइन में जवन टूटले नइखे टूटत. एह बान्ह के शुरुआत 19 अक्टूबर 2021 से भइल जब निफ्टी-50 18604 अंक छू के नीचे के राह ध लिहलसि. करीब तीन महीना बाद 18 जनवरी के निफ्टा-50 के बढ़न्ती 18351 से लवटि गइल. आ एह बेर ई पिछलो बेर से अधिका नीचे गिरल. फेरु मौका आइल तीन महीना से कुछ पहिले जब निफ्टी-50 18115 के निशान छू के फेरु नीचे चलि दिहलसि. अब ओकरा करीब चार महीना बाद निफ्टी के बढ़ल ओहि बान्ह के छू के नीचे गिरे का राह पर बा. त का अबकी बेर के करेक्शन पिछलका बेर से अधिका नीचे ले गिर के होई ? अबकी बेर 11 अगस्त 2022 से निफ्टी-50 एह बान्ह के तूड़े के लगातार कोशिश कर रहल बा. एक तरह से कहीं त 11 अगस्त 2022 से आजु 2 सितम्बर 2022 का बीच नाहियो त आठ दिन निफ्टी एकरा के तूड़े के कोशिश कर चुकल बा. आ आजुए एके दिन में आठ दस बेर कोशिश कइलसि. बाद में थाक हारि के लिवाल पीछे हट गइलें आ बिकवाल हावी हो गइलें.

अगर प्राइस मूवमेंट पिछलका बेरन का तरह अबकिओ भइल त का निफ्टी-50 अबकी का करेक्शन में 15000 का नीचे ले चलि जाई ? ई बड़का सवाल बनि गइल बा. पहिला बेर 18604 से नीचे गिरे के शुरुआत भइल त 1916 अंक गिर के16688 अंक ले गिरल. दुसरकी बेर 18351 से गिरल शुरु कइलसि आ 2680 अंक गिर के 15671 ले जा गिरल. तिसरको बेर 18115 से गिरला के शुरुआत कइलसि त 2932 अंक गिर के 15183 के बॉटम बना लिहलसि. अबकी बेर ई शुरुआत 17992 से भइल बा आ अगर निफ्टी-50 आपन इतिहास दुहरवलसि त का 15000 का नीचे ले गिरी ?

टेकनिकल चार्ट पढ़े वाला प्राइस मूवमेंच के बहुत कदर करेलें. काहे कि ई लोग मानेला कि शेयर बाजार आपन चाल अधिकतर दोहरावेला आ जब ना दोहरा पावे त स़्टॉप लॉस के मौका आ जाला.

बाकिर एहू पर धेयान देबे के पड़ी कि पहिला बेर के करेक्शन सुधरे में करीब तीन महीना लागल, दुसरका बेर अढ़ाई महीना आ तिसरकी बेर करीब सवा चार महीना के टाइम लिहले रहुवे फेरु बान्ह – resistance trendline – छुए में. बाकिर अबकी बेर 15 सत्र में 8 बेर कोशिश कइले बा. आ कुछ दिन ले बान्ह का उपरो रहल बावे. त का अबकी के बढ़त एह बान्ह के तूड़े में सफल हो जाई ? एही उहापोह में सभे उभचुभ हो रहल बा. बान्ह के प्रकृति बतावेला कि अगर बाढ़ के लहर लगातार बान्ह से टकरात रहे त ढेर समय ना लागी बान्ह टूटे में.

त अगिला कुछ दिन बहुते सम्हरि के रहे के बा. अगर अगिला हफ्ता ई बान्ह ना टूट पावल त बहुते खराब दौर ला तइयार रहीं. बाकिर अगर बान्ह टूट गइल त आसमान छू सकेले निफ़्टी-50. काहे कि resistance trendline जतने बरियार होले टूटला का बाद ऊ ओतने बड़हन सहारा बन जाले.

एक बेर फेरु दोहरावल जरुरी बा कि हम कवनो चार्टिस्ट ना हईं. बाकिर जाने सीखे के कोशिश में जरुर बानी. हमार बाति माने में बहुते खतरा बा. एहसे कवनो फैसल आपन बुद्धि लगा के भा अपना सलाहकार के सलाह ले के करब. खाली की गारण्टी दूंगा, भरे हुए की क्या गारण्टी ? हमार सलाह मनला में नुकसान के संभावना अधिका बा. मुनाफा हो जाव त ओकरा ला हम जिम्मेदार ना होखब.

हँ हमार लेख कइसन लागल, ई अगर बता सकब त बहुते खुशी मिली. पिछला कुछ दिन से शेयर बाजार के पोस्ट टटकाखबर (http://khabar.anjoria.com/) पर डालत बानी बाकिर चूंकि ओकर पाठक अँजोरिया के पाठक से कम बाड़ें एहसे अबकी रउरा सभे का सोझा ई परोसत बानी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up