चक्र के कारगर चकरी

by | Sep 29, 2011 | 0 comments

– ममता सिंह

हाल का दिन में वैकल्पिक चिकित्सा का क्षेत्र में नया महत्ता आ विश्वास का साथे चक्र के लोकप्रियता दुनिया भर में बढ़ल बा. अब जबकि पारम्परिक शोध का साथे कइल अध्ययन से ढेर दिन से रहत बेमारियन भा स्वास्थ्य समस्या के समाधान आ निदान में योग, रेकी, एकूपंक्चर, मेरिडियन थेरापी वगैरह विज्ञानन के सहायक भूमिका सामने आइल बा, चक्र के सुसंगत सोच के मतलब अउरी बढ़ गइल बा. चलीं आजु ई देखल जाव कि चक्र का हई सँ आ एकरा बारे में कुछ सामान्य जानकारी हासिल कर लिहल जाव.

चक्र हमनी के काया, शरीर, के रहस्यमय आत्मा के हिस्सा हई सँ. ई हमनी का रीढ़ का बगल में मौजूद उर्जा प्रणाली हई सँ जवना के छवि फोटो खींचे के अत्याधुनिक तरीका जइसे कि होलोग्राफिक पैटर्निंग आ कर्लियन फोटोग्राफी का सहारे खींचल जा चुकल बा. हमनी के शरीर में सात गो चक्र के मौजूदगी मिलल बा जवन हमनी सभ का शरीर में मौजूद रहेले. एह सात चक्रन के नाम हवे मूलाधार चक्र, स्वाधिष्टान भा सैक्रल चक्र, मणिपूर भा नाभि चक्र, अनहत भा हृदय चक्र, विशुद्धि भा गला चक्र, आज्ञा चक्र भा तिसरकी आँख, आ सहस्त्रसार भा ताज चक्र. एह चक्रन का बारे में कहल जाला कि ई हमनी के मानसिक, भावनात्मक आ आध्यात्मिक स्वास्थ्य आ परिपक्वता के रहस्य लुकवले रहेली सँ.

हमनी के भौतिक शरीर से ठीक बाहर रहे वाला चक्र हमनी के शरीर के भौतिक आ कोशिका संरचना से नाड़ी का बहुते महीन आ रहस्यमयी राहे जुड़ल रहेली सँ. एह राहे चक्र अपना जीवन शक्ति के हमनी के काया के हर हिस्सा में चहुंपावेले.

चक्र प्रणाली हमनी के काया के बहुते काम संचालित करेले. एहमें से कुछ खास काम नीचे बतावल जा रहल बा…

१. चक्र हमनी के शरीर के मार्ग भा छेद का राहे उर्जा के आइल गइल नियन्त्रित करेले आ ओकरा के वैश्विक उर्जा क्षेत्र से जोड़ेले.
२. पराभौतिक स्तर से उपजेवाली उच्च कंपन वाली उर्जा के ई चक्र हमनी के शरीर में मौजूद इन्डोक्रिनल प्रणाली का सहारे ग्रन्थियन से निकले वाला हार्मोन में बदल देले. एहसे हमनी के उत्तम स्वास्थ्य खातिर जरुरी हो जाला कि एह चक्रन के मार्ग बढ़िया से खुलल रहऽ सँ आ वैश्विक प्रणाली से जुड़ल रहऽ सँ.
३. एह चक्रन के महीन रेशा हमनी के शरीर के संवेदी तंत्र से जुड़ल रहेले जवना चलते ऊ हमनी के संवेदी तंत्र में सूचना के आदान प्रदान नियन्त्रित करेले.एहमें आवे वाला कवनो गड़बड़ी से हमनी के काया में बीमारी उपजेला.
४. चूंकि ई सातो चक्र हमनी के शरीर के इन्डोक्रिनल प्रणाली के ग्रन्थियन से जुड़ल होला, ई हमनी के शरीर के ग्रन्थियन से जइसे कि पैंक्रियाज, थायमस, थायरायड, आ पिट्यूटरी वगैरह ग्रन्थि.
५. चक्र हमनी के अनुभूतिओ से जुड़ल होली सँ जवना के काया के संवेदी तंत्र आ हार्मोनल तंत्र से जोड़त ई हमनी के हर तरह के साइकोडायनामिक काम संचालित आ नियन्त्रित करेली सँ.
६. हमनी के ग्रन्थियन के कार्य आ भावनात्मक संप्रेषण एही चक्रन से गहिरे जुड़ल होला आ एह सबसे बहुते प्रभावित होला.
७. एह सबका अलावा हर चक्र हमनी के मनोवैज्ञानिक गतिविधि अलग अलग संचालित करेली सँ

मूलाधार चक्र गुप्तांग आ गुदा मार्ग का बीच स्थित होला आ हमनी के यौन भावना नियन्त्रित करेला.
स्वाधिष्टान भा सैक्रल चक्र रीढ़ के सबले निचला सिरा पर मौजूद रहेला आ ई तय करेला कि हमनी का के हईं सँ.
मणिपूर भा नाभि स्थित चक्र हमनी के सोच के व्यवस्थित करेला.
अनहत भा हृदय स्थित चक्र हमनी के काया के स्वस्थ राखे के काम करेला आ ई हमनी के सामाजिक सद्भावना के संचालित करेला.
विशुद्ध चक्र हमनी के गला में स्थित रहेला आ भाव अभिव्यक्ति संचालित करेला.
आज्ञा चक्र भा तिसरकी आँख के जगहा भौहन का बीच होला आ ई हमनी के मानसिक शक्ति भा अवचेतन के संचालित करेला.
सहस्त्रार भा ताज चक्र माथा का सबसे उपरी हिस्सा में रहेला. ई आदमी के पूरा व्यक्तित्व तय करेला आ ओकर कायिक, भाविक, मानसिक आ आध्यात्मिक रुपन में सामंजस्य बनावेला. एकरा सहारे आदमी अपना विचार के व्यावहारिक आ तार्किक तरीका से अभिव्यक्त कर सकेला.

संदर्भ : दि ब्राफमैन फाउण्डेशन फॉर दि एडवांसमेंट आफ हीलिंग दि चक्राज; सर मार्टिन ब्राफमैन, पीएचडी. http://www.healer.ch/Chakras-e.html


ममता सिंह के अबले तीन गो किताब अंगरेजी में प्रकाशित हो चुकल बा. Migraines For The Informed Woman (Rupa & Co. Publishers), Mentor Your Mind (Sterling Publishers. EDR: April 2011) आ Rev Up Your Life! (Hay House India. EDR: June 2011). अकरा अलावे ममता सिंह हॉलिस्टिक हेल्थ थेरापिस्ट के प्रमाणित डिप्लोमा होल्डर, अमेरिका में आईएफए प्रमाणित एरोबिक इन्स्ट्रक्टर आ स्पोर्ट्स न्यूट्रनिस्टो हई. ममता सिंह दुनिया भर में अनेकन वेबसाइटन पर स्वास्थ्य आ फिटनेस पर नियमित रुप से लिखत रहेली. अपना व्यस्त समय में से कुछ कुछ ऊ अँजोरियो खातिर लिखत रहे के आश्वासन दिहले बाड़ी. जल्दिये ममता सिंह के लिखल पोस्ट अँजोरिया पर प्रकाशित होखल करी.

ममता सिंह से संपर्क खातिर

Website www.mamtasingh.com

Follow Me on Twitter – @MamtaSingh_

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up