जमशेदपुर में भिखारी ठाकुर के ४२वीं पुण्यतिथि मनावल गइल

by | Jul 15, 2013 | 0 comments

jamshedpurBhojpuriSamajसिंहभूम जिला भोजपुरी साहित्य परिषद आ अखिल विश्व भोजपुरी विकास मंच मिलि के पिछला बुध १० जुलाई के जमशेदपुर के न्यू केबुल टाउन हॉल में भोजपुरी कवि नाटककार भिखारी ठाकुर के ४२वीं पुण्यतिथि पूरा श्रद्धा से मनवलसि. कार्यक्रम के अध्यक्षता परिषद के अध्यक्ष गंगा प्रसाद अरुण कइलें.

एह आयोजन में एगो संगोष्ठिओ भइल जवना के नाँव रहल “भोजपुरी अस्मिता एवं भिखारी ठाकुर”. एह संगोष्ठी में बोले वाला वक्ता भिखारी ठाकुर के भोजपुरी संस्कृति के साँच देखावेवाला बतवलन आ कहलन कि जवना तरह से भिखारी ठाकुर भोजपुरी समाज के विषमता रेघरियवलन ओकर कवनो जोड़ नइखे. अपना नाटक आ गीतन का जरिए भिखारी ठाकुर सामाजिक विसंगतियन के देखावत ओकरा बारे में समाज के जगावे के काम कइलन.

संगोष्ठी में बोले वालन में यमुना तिवारी हर्षित, फुलेश्वर दयाल, देवनांथ शर्मा, उषा सिंह, योगेन्द्र यादव, सविता सिंह, नरेन्द्र कुमार, कौलेश्वर पांडेय, मनोकामना सिहं, अजय वगैरह रहलें.

अतिथियन के स्वागत कइलन अरविंद विद्रोही आ सुनील कुमार सिंह धन्यवाद दिहलन. संचालन कइलन विकास मंच के महामंत्री प्रदीप कुमार सिंह.

एह कार्यक्रम के सफल बनावे वालन में बंटी सिंह, राजेश पांडेय, रोहित सिंह, अनिल कुमार, मनोज सिंह, सुमन देवी, मीरा सिन्हा, पप्पू कुमार, सोनू सिंह, संजय पाठक, जयशंकर दुबे वगैरह शामिल रहलें.


(ईमेल से

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up