जल्‍दी पूरा कइल जाव भोजपुरी के संवैधानिक मान्‍यता के मांग

by | Mar 1, 2017 | 0 comments


भोजपुरी के संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल करावे के मांग एक बेर फेर बहुते जोर-शोर से उठावल गइल. मौका रहल अंतर्राष्‍ट्रीय माईभासे दिवस मनावे ला इंडिया इंटरनेशनल सेंटर में भोजपुरी समाज दिल्‍ली के बोलावल भोजपुरी हमार माँ – मनन, मंथन और मंतव्‍य नाम के विचार गोष्‍ठी. एहमें दिल्‍ली प्रदेश भाजपा अध्‍यक्ष मनोज तिवारी, सांसद अश्विनी चौबे, सांसद आर. के. सिन्‍हा, वरिष्‍ठ पत्रकार रामबहादुर राय अउर इंडिया न्‍यूज के प्रबंध संपादक यशवंत राणा के मौजूदगी में भोजपुरी के संवैधानिक मान्‍यता का सवाल प खूब चरचा भइल.

भोजपुरी समाज दिल्‍ली के अध्‍यक्ष अजीत दुबे कहलन कि भोजपुरी के मान्यता ला संसद के पटल प अबले पाँच बार आश्वासन मिल चुकल बा आ साल 1969 से ले के अबले 18 गो प्राइवेट मेंबर बिल लोकसभा में पेश हो चुकल बा बाकि मसला जस के तस बा.

सांसद अउर दिल्‍ली प्रदेश भाजपा अध्‍यक्ष मनोज तिवारी कहलन कि ऊ एह मुद्दा प समाज के साथ खड़ा बाड़न आ भोजपुरी के ओकर हक अउर सम्‍मान जरूर मिल के रही.

सांसद आर. के. सिन्‍हा राजस्‍थानी, भोजपुरी आ भोटी भाषावन के संवैधानिक मान्‍यता ला सामूहिक रूप से प्रयास कइला प जोर दिहलन. सांसद अश्विनी चौबे, वरिष्‍ठ पत्रकार रामबहादुर राय आ इंडिया न्‍यूज के प्रबंध संपादक यशवंत राणो भोजपुरी भाषा अउर संस्‍कृति के बात कहत भोजपुरी के संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल कइला प जोर दिहलें.

कार्यक्रम के दौरान मनोज तिवारी देशभक्ति गीत गा के सुनवलें. संचालन प्रो. संजीव कुमार तिवारी आ धन्‍यवाद ज्ञापन वरिष्‍ठ उपाध्‍यक्ष प्रभुनाथ पाण्‍डेय कइलन. समारोह में भोजपुरी समाज के महामंत्री एल. एस. प्रसाद, उपाध्‍यक्ष शिवाकांत मिश्र, लल्‍लन तिवारी, हरेन्‍द्र प्रताप सिंह, प्रदीप पाण्‍डेय, संयोजक विनयमणि त्रिपाठी, मंत्री श्रीकांत विद्यार्थी, सर्वेश तिवारी, संतोष ओझा, कोषाध्‍यक्ष रामनाथ राय, कार्यालय मंत्री देवकान्‍त पाण्‍डेय वगेरह समेत अनेके कवि, लेखक, वकील, अध्‍यापक, समाजसेवी, पत्रकार आ अउरीओ बुद्धिजीवी उपस्थित रहलें.


(हिन्दी में आइल विज्ञप्ति से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up