साल 2012 के राशिफल

by | Dec 31, 2011 | 0 comments

– वैभव नाथ शर्मा


मेष

पिछला साल के उतार चढ़ाव का बाद अब खराब दिन बीत चुकल बा. पुरान आ लमहर दिन से लटकल भा रूकल काम से अब फायदा मिलल शुरू हो जाई. नया मकान बन सकेला भा पुरनका के कायाकल्प करे के संजोग बनि सकेला. कारोबार व्यापार धीरहीं धीरे बढ़ी बाकिर कुछ खास मेहनत से बड़हनो फायदा हो सकेला. राजनीतिक लाभ आ राजनितिक क्षेत्र में कुछ खास उपलब्धि मिले वाला बा. राउर विरोधी लाख कोशिश का बादो असफल रहीहें. नौकरी पेशा लोग के स्थान परिवर्तन, स्थानान्तरण के संजोग बनी जवन रउरा फायदा में रही. शिक्षा आ प्रतियोगिता में विद्यार्थियनो खातिर बढ़िया समय आवत बा आ परिणाम आशा का मुताबिक रही. पुरान स्वास्थ्य समस्या से मुक्ति मिले के जोग बनऽता. पइसा कौड़ी आ व्यापारिक लेन देन में सचेत रहला के जरूरत बा. केहू के उधार दिहला से बाचीं, ओकर वापसी मुश्किलात पैदा कर सकेला.


वृषभ

ई नयका साल रउरा ला कुछ खास उपलब्धियन से भरल रही, सगरी रुकल आ सोचल काम पूरा हो जाई. व्यापार में लाभ आ उन्नति के अवसर मिली. व्यापारिक प्रतिद्वंदिता भा प्रतियोगिता में सफलता मिली. साहित्य संगीत में रूचि बढ़ी आ फायदा होखी. आपन कला निखारे के मौको मिले जा रहल बा जवना से कीर्ति आ मशहूरी मिली. काम -व्यापार, परिवार अर समाज में सहयोगियन का साथे तालमेल बइठावे के जरूरत बा जवना से कि रउरा सभका के उचित समय दे पाईं. नया फायदा वाला संबंध बनी आ अनुबंध मिली. वैवाहिक जीवन में तनिका तनाव आ उतार चढाव हो सकेला. वाहन प्रयोग में सावधानी राखेम. विदेश यात्रा आ प्रवासो के योग बने जात बा आ विदेश से जुड़ल कवनो काम में सफलतो के उम्मीद बा. बाकिर धन के फालतू खर्चा रोकीं. प्रेम संबंध अउरी पोढ़ होखी. विद्यार्थी वर्ग खातिर समय तनिका कठिन रही एहसे ध्यान लगा के कड़ा मेहनत करे के जरूरत होई.


मिथुन

नया साल के शुरूआत त नीमन होखी बाकिर बाद में समय कुछ मुश्किल भरल हो सकेला. ढेर मेहनत कइला का बावजूद वाजिब फायदा मा मिलला से उपजल हताशा, मानसिक दबाव आ चिंता हावी रही. अइसनका समय में केहू पर अति विश्वास भारी पड़ सकेला. एहमें धोखे मिले के अनेसा बेसी बा, एहसे बाचीं. साल के बीच कुछ बढ़िया समाचार मिली आ हर तरह के फायदा में बढ़ोतरी होई. एकाग्रचित्त होके अपना काम में लागल रहीं, सफलता मिलल तय बा. आमदनी के नया साधन मिली बाकिर संपति भा जमीन में निवेश करे से बचला के जरुरत बा. परिवार में सुख-शांति रही. घर गृहस्थी बढ़िया से चली. सामाजिक पद प्रतिष्ठा, मान-सम्मान, यश कीर्ति में बढ़ोतरी होई.


कर्क

राजकीय पक्ष में रुकल आ अटकल काम पूरा होखी. काम का इलाका में प्रभाव बढ़े वाला बा आ सहयोगियन से मित्रता आ प्रेम भाव बढ़ी. नौकरी पेशा वाला लोग के स्थानान्तण, प्रोमोशन भा नया नौकरी के योग बनत बा. पहिले जवन आर्थिक, व्यापारिक आ संबंधन के नुकसान भइल बा ओकर पूर्ति एह साल हो सकेला. धार्मिक क्रियाकलाप का ओर रुझान बढ़ी. कवनो बड़हन आर्थिक फैसला भा निवेश करे से पहिले कवनो लायक आ अनुभवी आदमी से सलाह जरूर लीं. विद्यार्थी वर्ग के पढ़ाई में मन ना लागी, मन भटके के अनेसा बा. एहसे पढ़ाई पर खास ध्यान दिहला के जरूरत बा. मकान, जमीन गाड़ी के सुख मिले के बढ़िया समय आइल बा, एहमें निवेश फायदेमंद रही.


सिंह

नयका साल के शुरुआत बढ़िया रही बाकिर कवनो नया काम भा कवनो निवेश कइला से बाचीं ना त दिक्कत आ नुकसान के सामना करे के पड़ सकेला. अपना बोली पर काबू राखीं. सोच समुझ के बोलीं. कम बोले के कोशिश करीं. लमहर यात्रा पर मत निकलीं. समाज में लोगन से मिलत जुलत रहला में कवनो संकोच मत करीं, अपना पर भरोसा बनवले राखीं. प्रतियोगिता से घबराईं मत ओकर सामना करीं आ सफलता के आनन्द उठाईं. साल के बीच में भाग्य के पूरा साथ मिले वाला बा. जीवनसाथी, परिजन आ मित्रन के रवैया सहयोग करे वाला रही. धार्मिक काम में रुचि बढ़ी. समाज में मान प्रतिष्ठा आ काम में प्रगति होई. मानसिक तनाव से मुक्ति मिली आ रोग से छुटकारा मिली.


कन्या

साल के शुरू में जीवन आ दिनचर्या में बहुते उथल-पुथल रह सकेला. भाग्य पूरा साथ ना दी बाकिर दोस्त, संतान, जीवनसाथी के पूरा सहयोग मिली. कानूनी भा न्यायिक मामिला के निदान होखी. नौकरीपेशा लोग के अपना बॉस से खटपट हो सकेला जवना से बाचे के चाहीं काहे कि ओकरा से रउरे नुकसाने होखी. समय के सदुपयोग करीं ओकरा के बेकार मत जाये दीं. काम, व्यापार आ परिवार के छोटकन के हरकत पर ध्यान दिहला के जरूरत बा. विद्यार्थियन खातिर शैक्षिक सफलता पावे के बढ़िया समय बा. परिवार के खुशी बढ़े वाला बा. बीच साल में विदेश यात्रा के योग बा जवन फायदेमंद रही आ आमदनी के नया राह खुल सकेला. साल बीतत बीतत कतहीं रुकल भा अटकल धन वापिस मिल सकेला.


तुला

एह नया साल में जीवन आ व्यापार में आगे बढ़े खातिर रउरा सहयोग के जरूरत होखी जवन कवनो निष्ठावान सहयोगी से मिल सकेला. कार्य, व्यापार में सफलता के नया राह खुले वाला बा. बाकिर तनी सजगो रहे के पड़ी आ अपना काम में समर्पित होखे के पड़ी. आर्थिक स्थिति में सुधार होखी खास कर के लोहा, पेट्रोलियम तथा वाहन से जुड़ल व्यंवसायियन खातिर समय बढ़िया बा. जीवनसाथी खुश आ संतान संतुष्ट रहीहें. संतान के क्रिया कलाप, व्यवहार, आचरण से खुशी आ संतोष मिली. परिवार में कवनो बड़हन मांगलिक आयोजन संभव बा. साल ले बीच में धार्मिक कार्य में समय दिहला से फायदा होखी. अपने भा केहु दोसरा से वाद विवाद, कोर्ट कचहरी आ मुकद्दमेबाजी से दूर रहीं. जीवन में नया उमंग आ उत्साह बनल रही. अपना पर भरोसा राखत पूरा लगन से आगे बढ़त रहीं.


वृश्चिक

नयका साल के शुरुआत सकारात्माक आ शुभ होखी. परिवार में माता-पिता, बड़ बुजुर्गन के सम्मान करीं आ ओह लोग के सलाह मानीं त कबहुं दुखी ना होखब आ कामयाबी जरूरे मिली. बड़ बूढ़ के आशीर्वाद से जीवन में सुख-शांति बनल रही. बड़का अधिकारियन से खराब संबंध में सुधार होखी. संतान का ओर से बढ़िया समाचार मिल सकेला. विद्यार्थियन खातिर बढ़िया समय बा. साल के बीच में समय ठीक ना रही आ बहुते कोशिश का बादो काम में रुकावट आवत रही आ फायदा में कमी होखी. मन अशांत आ चिंतित रही. साल का आखिर में समय फेर रउरा पक्ष में होखे लागी जवन ढेर दिन लायक फायदा दी. शत्रु शांत हो जइहें.


धनु

नयका साल खुशी, उत्साह आ नया उर्जा से भरल पूरल होई. दुश्मन पर विजय मिली. व्यापारी वर्ग के व्यापार के पसार से लाभ होई भा कवनो नया योजना फलीभूत होखी. नौकरीपेशा वालन के फायदा मिली. शेयर में निवेश फायदेमंद रही. ढेर दिन से चलल आवत कोर्ट कचहरी के मामिला में राहत मिली. वैवाहिक जीवन सुखद रही आ जीवनसाथी के पूरा सहयोग मिलता रही. विद्यार्थियन खातिर बढ़िया समय बा. कमो मेहनत से बढ़िया लाभ मिल सकेला बाकिर आलस से बाचीं. राजनीतिक संपर्कन से भरपूर लाभ मिल सकेला.


मकर

नयका साल पुरनका से हर माने में बेहतर होई. मेहनत के वाजिब फायदा आ शुभ फल मिली. पुरान करजा आ आर्थिक नुकसान से मुक्ति मिली बाकिर कोर्ट कचहरी के पुरान मुकदमा परेशानी पैदा कर सकेले. बेहतर होई कि ओकनी के ना उठावल जाव. शिक्षा – प्रतियोगिता आ प्रवेश परीक्षा के तइयारी करत विद्यार्थियन खातिर सफलता पावे के ई सुनहरा समय आइल बा. स्वास्थ्य सम्बन्धी समस्या भा शारीरिक कष्ट हो सकेला. अपना दिनचर्या के नियमित राखी. सहकर्मियन से मतभेद आ बहसा बहसी हो सकेला बाकिर रउरा कोशिश आ दखल से मामला काबू में आ जाई. परिवार में मांगलिक भा वैवाहिक आयोजन के योग बा.


कुम्भ

नया साल के शुरूआत तनाव, उथल पुथल से भरल आ कुछ निराशाजनक हो सकेला बाकिर तनिको घबराये भा विचलित होखे के जरूरत नइखे. धीरज आ सूझ बूझ से काम लिहला से सब ठीक हो जाई. आमदनी में घट बढ़ होत रही जवना के रउआ अपना मेहनत आ प्रभु के आराधना से दूर कर सकीले. जब मालूम होखे कि भाग्य पूरा साथ नइखे देत त वइसन में कड़ा मेहनत आ ईश्वर में श्रद्धा निष्ठा राखहीं के पड़ी. साहित्यिक क्षेत्र के लोग खातिर समय बढ़िय बा. सामाजिक मान-सम्मान, यश-कीर्ति, पद-प्रतिष्ठा मिली. नौकरी में प्रगति आ कवनो खास उपलब्धि के योग बा. साल का बीच में हालात नियंत्रण मे आ जाई. बढ़िया खबर मिलल शुरू हो जाई, अटकल काम पूरा होखे लागी आ बकाया धन वापसी के योग बा. अपना आ परिवार के बुढ़ लोग के स्वास्थ्य पर ध्यान दिहला के जरूरत होई. संतान सुख मिले के योग उत्तम बा.


मीन

साल के शुरू में परेशानी के सामना करे के पड़ी. कवनो नया काम करे भा निवेश करे से पहिले ओकरा हर पहलू पर विचार कइल जरूरी होई आ कवनो अनुभवी आदमी से सलाह जरूर ले लीं. निवेश से उमेद लेखा आमदनी भा फायदा ना होखला से मानसिक अशांति बढ़ सकेला. सौम्य व्यवहार, मृदु वाणी, आ प्रेमभाव रउरा के जरूर फायदा करी,एह बाति के नजरअंदाज मत करीं. एहसे बिगड़लो काम सँवर जाई. नया ऊंचाई का तरफ बढ़े के संयोग बनी आ नया नया जिम्मेदारी मिल सकेला, माने कि प्रोमोशन के पूरा योग बा. साल के आखिरी समय काम आ व्यापार का लिहाज से सबले बढ़िया हो सकेला, आमदनी के जरिया बढ़ी.


वैभव नाथ शर्मा जी प्रतिष्ठित वास्तु शास्त्री, अंक शास्त्री, आ ज्योतिषी हईं. इहाँ के कार्यक्रम अलग अलग टेलीविजन चैनलन पर आवत रहेला. काशी के होखला का चलते भोजपुरी से विशेष अनुराग बा आ अँजोरिया के पाठकन खातिर ज्योतिष आ वास्तु शास्त्र से जुड़ल आपन सलाह समय समय पर देत रहे के तइयार हो गइनी. वैभवनाथ शर्मा जी राजज्योतिषी परिवार से आवेनी. आशा बा कि वैभवनाथ शर्मा जी के आलेख से अँजोरिया के पाठकन के कुछ लाभ मिली.

अपना व्यक्तिगत समस्या खातिर रउरा शर्मा जी से संपर्क कर सकीलें. उहाँ के संपर्क सूत्र नीचे दिहल जा रहल बा

फोन : +91-9990724131

ई मेल : vaibhava_vastuvid@yahoo.co.in

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up