डा॰ किहाँ जाये से पहिले तइयारी कर लीं

by | May 8, 2011 | 1 comment


ममता सिंह

हालही में दि इण्डियन जर्नल फॉर कम्युनिटी मेडिसिन में एगो लेख पढ़े के मिलल जवना में दवा लिखे के आ डाक्टरी विचार विमर्श का बारे में शोध का दिशाईं एगो व्यापक अध्ययन का बाद पावल गइल कि “डाक्टरी परामर्श खातिर औसतन सात मिनट के समय पर्याप्त होला आ सगरी मरीजन के एह अवधि में बढ़िया से जाँच लिहल जाला.”

पढ़ के कुछ सोच दिमाग में आवत बा कि ना ? मान लीं कि डाक्टर रउरा के दस मिनट देतो बा त ओही बीच ओकरा राउर शारीरिक जाँच करे के होला, रउरा से राउर तकलीफ पूछे के होला, राउर पुरनका इलाज के विवरण देखे के होला, राउर बिमारी के बारे में सही निष्कर्ष पर पहुँचे से पहिले ओह से मिलत जुलत लक्षण वाला दोसरा बिमारियन के छाँटे के होला आ एह सब का बाद रउरा इलाज खातिर पर्ची लिखे के पड़ेला. आ सब कुछ ओही दस मिनट का समय में ! आउटडोर में होखे वाला भीड़ देखते बानी. आ चूंकि डाक्टर के आमदनी एही पर निर्भर होला कि ऊ कतना मरीज देख लेत बा, हर डाक्टर के कोशिश होला कि ऊ अधिका से अधिका मरीज देख लेव.

त अब एह दस मिनट के समय के अधिका से अधिका फायदा उठावे खातिर रउरो कुछ तइयारी कर लेबे के चाहीं.

१. पहिले त समय निकाल के इन्टरनेट पर कुछ बेसिक जानकारी बिटोर ली. इन्टरनेट पर हर लक्षण के जानकारी मिल जाई. बस एकही सावधानी राखे के बा कि ऊ साइट कवनो डाक्टर समूह से समर्थित होखो भा कवनो बड़का दवाई कंपनी भा अस्पताल के होखो.

२. अपना लक्षण के सिलसिलेवार एगो कागज पर लिख लीं.

३. कतना दिन से राउर ई हालत चलत बा.

४. जवन लक्षण बा से हमेशा रहेला कि आवत जात घटत बढ़त रहेला ?

५. अपना लक्षण के विवरण पहिले से तइयार राखीं. विवरण संक्षेप में बाकिर साफ साफ होखल चाहीं.

६. कवनो दवाई भा कवनो बिमारी के ईलाज अगर पहिले से चलत होखे त ओकर ब्योरा.

७. मौजूदा बिमारी खातिर अगर कवनो घरेलू भा दोसर ईलाज अजमवले होखीं त ओकर ब्योरा.

८. डाक्टर से पूछीं कि कतना दिन ले ईलाज करावे के होई ?

९. जवन बिमारी रउरा के डाक्टर बतावत बाड़े ओकर परिणाम का होखे वाला बा ?

१०.अपना रहन सहन में कवनो बदलाव ले आवे के पड़े त ऊ कुछ दिन खातिर रही कि हमेशा खातिर इहो पूछ लीं. का बदलाव ले आवे के पड़ी एकर जानकारी ले लीं.

११. डाक्टर से सुनल हर बात के लिख लीं जवना से आगे रउरा डाक्टर के सलाह माने में सुविधा रहो.

१२. पता लगा लीं कि रउरा जवन बिमारी बा ऊ रउरा मेडिकल इंस्योरेंस में शामिल बा कि ना आ जाँच, सलाह, दवाई वगैरह के खरचा मिल पाई कि ना.

आशा बा कि एह सब जानकारी के पहिले से इकट्ठा कर लिहला का बाद रउरा डाक्टर से मिले वाला दस मिनट के समय के सही सही आ पूरा इस्तेमाल कर पायब.


ममता सिंह के अबले तीन गो किताब अंगरेजी में प्रकाशित हो चुकल बा. Migraines For The Informed Woman (Rupa & Co. Publishers), Mentor Your Mind (Sterling Publishers. EDR: April 2011) आ Rev Up Your Life! (Hay House India. EDR: June 2011). अकरा अलावे ममता सिंह हॉलिस्टिक हेल्थ थेरापिस्ट के प्रमाणित डिप्लोमा होल्डर, अमेरिका में आईएफए प्रमाणित एरोबिक इन्स्ट्रक्टर आ स्पोर्ट्स न्यूट्रनिस्टो हई. ममता सिंह दुनिया भर में अनेकन वेबसाइटन पर स्वास्थ्य आ फिटनेस पर नियमित रुप से लिखत रहेली. अपना व्यस्त समय में से कुछ कुछ ऊ अँजोरियो खातिर लिखत रहे के आश्वासन दिहले बाड़ी. जल्दिये ममता सिंह के लिखल पोस्ट अँजोरिया पर प्रकाशित होखल करी.

ममता सिंह से संपर्क खातिर

Website – www.mamtasingh.com

Follow Me on Twitter – @MamtaSingh_

Loading

1 Comment

  1. amritanshuom

    बहुत -बहुत धन्यवाद !ममता जी के दस मिनट के समय के सही इस्तेमाल करे के नुख्शा बतावे खातिर .आशा बा आगे भी ऐसहीं रास्ता देखावत रहब इहाँ के .
    ओ.पी.अमृतांशु

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up