अपना स्थापना के पैंतीस साल पूरा कइल बिहार भोजपुरी अकादमी आ भोजपुरी खातिर आन्दोलनरत भाईजी भोजपुरिया बी॰एन॰ तिवारी के संस्था भोजपुरी विकास मंच मिल के अगिला २१ जुलाई का दिने पटना में एगो अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी महोत्सव मनावे जा रहल बा. एह महोत्सव में मारीशस, सिंगापुर, मस्कट, ओमान, नेपाल, आस्ट्रेलिया, अमेरिका समेत अनेके देश के लोग सहभागिता करी.
अकादमी से मिलल सूचना में बतावल गइल बा कि महोत्सव के उद्घाटन बिहार के राज्यपाल डा॰ डी॰वाई॰ पाटिल करीहें आ सांस्कृतिक कार्यक्रम में मालिनी अवस्थी आ भरत शर्मा व्यास समेत अनेके लोक कलाकार आपन कार्यक्रम परोसीहें. कार्यक्रम २१ जुलाई २०१३ अतवार का साँझ चार बजे से पटना के वीरचंद पटेल पथ पर स्थित रविन्द्र भवन के सभागार में शुरू होखी.
अकादमी भरोसा जतवले बिया कि एह आयोजन में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार समेत अनेके मंत्री आ बड़हन संख्या में भोजपुरिया लोग आपन मौजूदगी दर्ज कराई. आपहू सभे से अकादमी निहोरा कइले बिया कि एह आयोजन में बढ़ चढ़ के हिस्सा लीं.
patna me antar rastriya bhojpuri mahotsava ke safalta khatir badhai ba,lekin hmar dugo sawal ba pahila ki oh sammelan me akhil bhartiya bhojpuri sahity sammelan patna ke kehu sadasya sammelan me na laukal kahen….dosar bat ki bhojpuri akadami patna ke sadasy log batavat rahal ki samman ke chayan kare khatir bhojpuri akadami ke sadasy logan ke anumati ray anusansa lihal gail rahe kahe na.sammelan ke fund khan se aayil jabki bhojpuri akadami ke karmacharilogan ke tankhah baki ba.antarrastriy samelan ke pura matalab ka bhail jogad ki jamini sachai
भोजपुरी महोत्सव ke samudhghatan se le kar ke samapan tak bahut badhiya se bito kah ke shuvkamna byakt kail chatbani. bahut badhiya ba ki bhojpuri bhasha ke aagadi badhe ke bahut badhiya rah mal gail ba.
Ashok Kushwaha
Birgunj Nepal
ई त खुबे नीक सामाचार बा, हम अखिल असम भोजपुरी परिषद आ असम मे रहे वाला मय भोजपुरिया जनमानस के तरफ से एह कार्यक्रम के सफल आयोजन खातीर रउवा माध्यम से शुभकामना प्रेषित करत बानी संगे संगे आयोजक मन्डली के अईसन बढ़िया काम खातीर धन्यवाद ज्ञापन करत बानी ।