भोजन जवन हृदय से दोस्ती राखे

by | Aug 31, 2011 | 0 comments

– ममता सिंह

हृदय हमनी के शरीर के इंजन ह. आजु के इंटरनेटी युग में उपलब्ध जानकारी का चलते हृदय का स्वास्थ्य खातिर हमनी का बहुते सचेत हो गइल बानी आ एह इंजन के चुस्त दुरुस्त राखे खातिर हमनी का नियमित कसरत वगैरह करत रहीले, बाकिर वइसन भोजन का बारे में जानकारी तनी कम बा जवना से हृदय स्वस्थ रहे आ बढ़िया से काम करे. एहिजा हम कुछ वइसन भोजन का बारे में बतावे जा रहल बानी जवन हृदय से दोस्ती राखेला. हालांकि सूची दोस्ती का आधार पर नइखे बनावल गइल.

1. रावा मछरी : गुलाबी रंगत वाला ई मछली पोषक तत्व से भरल होले. एकर सौ ग्राम से ओमेगा ३ फैटी एसिड के जरुरत चौंतीस फीसदी पूरा हो जाला. ई हृदय गति के गड़बड़ी, इश्चिमिक एरिद्मिया, कम करेले, खून के थक्का ना बने देव, जवन हृदय के धमनी आ शिरा में रुकावट बन जाले, कोलेस्टेरोल के बढ़िया हिस्सा के बढ़ावा देले आ खराब हिस्सा के रोकेले. हफ्ता में दू दिन भोजन में सैलमन मछली, रावा मछरी के उपयोग करे के चाहीं. मकरइल आ सार्डाइनो मछली अइसने फायदा करेले.

2. जौ : जौ में घुलनशील रेशा तत्व, फाइबर, बहुते होला आ ई एलडीएल कोलेस्टेरोल घटावेला. एकरा में मौजूद एंटी आक्सीडेंट्स हृदय के नुकसान होखे से बचावेला. हृदय खातिर सगरी एंटी आक्सीडेंट भोजन फायदा चहुँपावे वाला होला. उसना चाउर आ बिना चालल आटा के रोटीओ में अइसने गुण होला. एहसे भोजन में अनाज के मात्रा पर्याप्त रहे के चाहीं, प्रोसेस्ड फूड का बनिस्बत.

3. काबुली चना : काबुली चना ञें खाली रेशे ना होला जे एलडीएल कोलेस्टेरोल के मात्रा घटावे बलुक एकरा में फोलिक एसिड आ मैग्नेसियमो प्रचुर मात्रा में रहेला. फोलिक एसिड हमनी के खून मेंसे होमोसिस्टीन नाम के हानिकारक तत्व के घटावेला जवना चलते हृदयाघात के अनेसा कम हो जाला. अइसने फायदा हर तरह के बीन्स से मिलेला.

4. फल : करीब करीब हर फल हृदय खातिर फायदामंद होला. हँ जवना फल से एलर्जी होखे ओकरा से बचल चाहीं. स्ट्राबेरी, अलूचा, आड़ू, चेरी वगैरह खास कर के फायदामंद होले. मोटा मोटी कहल जा सकेला कि ऊ फल जवना कें रंग बैंगनी, नीला, लाल, गुलाबी भा पियर होखे से हरियरका फल का बनिस्बत बेसी फायदेमंद होला. एहसे हर रंग के फल के सेवन कइल करीं खास कर के गाढ़ रंग वाला फल के. हँ ताजा जरुर होखे के चाहीं.

5. सब्जी : फले का तरह एहिजो रउरा कवनो गलती ना कर सकीं जबले कवनो खास सब्जी से रउरा एलर्जी ना होखे आ कवनो तरह के सब्जी उचित मात्रा में लेत बानी त. एह सब्जियन में ब्रोकोली, पालक, कैप्सिकम, सोया वगैरह बहुते बढ़िया मानल जाला. सब्जियो खरीदत घरी ध्यान राखीं कि हर रंग के सब्जी खरीदल जाव खाली हरियरे ना.

6. मेवा : मेवा खास कर के अखरोट, बादाम, पिस्ता वगैरह हृदय खातिर बढ़िया रहेला. एह से एलडीएल के मात्रा कम होला आ मैग्नेसियम आ पोटैशियम के जरूरत पूरा होला. एहमें एंटी आक्सीडेंटो भरपूर होला.

7. खाये वाला तेल : भोजन में इस्तेमाल होखे वाला तेल भा वसा में जैतून के तेल, सूरजमुखी के तेल, चीनाबादाम के तेल, सोया के तेल से सूजन कम होला, धमनी आ शिरा के भीतरी परत चिकन रहेला आ थक्का बने में कमी आवेला.

चेतावनी एह लेख में लिखल जानकारी डाक्टरी सलाह भा मानक बात ना ह. कवनो सलाह माने से पहिले अपना डाक्टर से पूछ लीं.


ममता सिंह के अबले तीन गो किताब अंगरेजी में प्रकाशित हो चुकल बा. Migraines For The Informed Woman (Rupa & Co. Publishers), Mentor Your Mind (Sterling Publishers. EDR: April 2011) आ Rev Up Your Life! (Hay House India. EDR: June 2011). अकरा अलावे ममता सिंह हॉलिस्टिक हेल्थ थेरापिस्ट के प्रमाणित डिप्लोमा होल्डर, अमेरिका में आईएफए प्रमाणित एरोबिक इन्स्ट्रक्टर आ स्पोर्ट्स न्यूट्रनिस्टो हई. ममता सिंह दुनिया भर में अनेकन वेबसाइटन पर स्वास्थ्य आ फिटनेस पर नियमित रुप से लिखत रहेली. अपना व्यस्त समय में से कुछ कुछ ऊ अँजोरियो खातिर लिखत रहे के आश्वासन दिहले बाड़ी. जल्दिये ममता सिंह के लिखल पोस्ट अँजोरिया पर प्रकाशित होखल करी.

ममता सिंह से संपर्क खातिर

Website www.mamtasingh.com

Follow Me on Twitter – @MamtaSingh_

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up